[the_ad_group id="30365"]

Lifestyle नारियल तेल में मिला के लगा लीं मेथी, पातर बेजान बाल हो जाई घना आ लंबा

नारियल तेल में मिला के लगा लीं मेथी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लमहर, मोट आ चमकदार बाल हमनी के सुंदरता के बढ़ावेला। बाल केहु के सुंदरता के बढ़ा सकता। बाकिर आज के समय में बाल से जुड़ल समस्या बहुत देखाई देता। अगर आप कमजोर बेजान बाल से भी परेशान बानी तs बाजार में उपलब्ध बाल उत्पाद के बजाय घरेलू उपाय अपना सकतानी। जी हाँ, जदी आप भी सुंदर, मोट अवुरी मुलायम बाल पावे के चाहतानी तs नारियल तेल के इस्तेमाल कs सकतानी। नारियल तेल बाल अवुरी त्वचा खातीर बहुत फायदेमंद मानल जाला। तs आईं हमनी के जान लीं कि नारियल तेल के इस्तेमाल से लंबा, मोट अवुरी करिया बाल कईसे होखेला।

बाल के स्वस्थ राखे खातिर नारियल तेल के इस्तेमाल

मेथी रसोई में मौजूद एगो मसाला हवे जेकर इस्तेमाल कई तरह के रेसिपी में होला। अगर आप भी अपना बाल के स्वस्थ राखे के चाहतानी तs मेथी के बीज के नारियल तेल में डाल के कुछ समय ले पकाईं। एकरा बाद ठंडा होखला के बाद बाल के जड़ में बढ़िया से मालिश करीं। कुछ घंटा बाद बाल के हल्का शैम्पू से धो लीं।

मेथी वाला नारियल तेल लगाए के फायदा

काला बाल
आज के समय में उमर से पहिले बाल के सफेद होखे के समस्या देखल जा सकता। अगर आप भी अपना सफेद बाल के करिया करे के चाहतानी तs आप एs तेल के इस्तेमाल कs सकतानी।

घना बाल
पोषण के कमी भा अउरी कई गो कारण से हमनी के बाल गिरल शुरू हो जाला। जवना के चलते बाल बहुत पतला देखाई देवे लागेला। एह तेल के इस्तेमाल बाल के मोट बनावे में कs सकेनी।

लमहर बाल

अगर रउरा आपन बाल लंबा बनावल चाहतानी तs मेथी अवुरी नारियल तेल के इस्तेमाल आपके खातीर बहुत निमन साबित हो सकता।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]