[the_ad_group id="30365"]

CNG-PNG Price: आज से घटी सीएनजी-पीएनजी के कीमत, महानगर गैस घटवलस दाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार सुक के नया मूल्य निर्धारण फॉर्मूला के तहत अप्रिल खातिर प्राकृतिक गैस के कीमत 7.92 डॉलर प्रति दस लाख ब्रिटिश थर्मल यूनिट (एमएमबीटीयू) तय कs दिहल गइल बा। तेल आ प्राकृतिक गैस मंत्रालय के आदेस के मोताबिक, प्राकृतिक गैस के कीमत 8 से 30 अप्रिल तक खातिर तय कइल गइल बा।

पेट्रोल-डीजल के उच्च कीमतन के बीच देस में सीएनजी आ पीएनजी के दाम सनीचर से 6 से 8 रुपिया तक घट सकत बा। सरकार सुक के नया मूल्य निर्धारण फॉर्मूला के तहत अप्रिल खातिर प्राकृतिक गैस के कीमत 7.92 डॉलर प्रति दस लाख ब्रिटिश थर्मल यूनिट (एमएमबीटीयू) तय कs दिहल गइल बा। ग्राहकन खातिर ई दर 6.5 डॉलर प्रति एमएमबीटीयू पs सीमित रही, जवन 31 मार्च, 2025 तक खातिर लागू होई।

तेल आ प्राकृतिक गैस मंत्रालय के आदेस के मोताबिक, प्राकृतिक गैस के कीमत 8 से 30 अप्रिल तक खातिर तय कइल गइल बा। एकर निर्धारण आयातित कच्चा तेल के औसत लागत के 10 फीसदी मूल्य के आधार पs कइल गइल बा। तेल आ प्राकृतिक गैस निगम (ओएनजीसी) आ ऑयल इंडिया लि. (ओआईएल) के पुरान क्षेत्रन से उत्पादित गैस के कीमत 6.5 डॉलर प्रति एमएमबीटीयू सीमा के अधीन होई।

नया दर एक चौथाई कम

नया दर मवजूदा कीमतन से एक चौथाई कम बा। एसे सीएनजी-पीएनजी के दाम 10 फीसदी तक घट जाई। क्रिसिल रेटिंग्स के अनुमान बा कि दुनो गैसन के दाम 9-11 फीसदी तक घट सकत बा।

महानगर गैस सीएनजी के दाम 8 रुपिया घटवलस 

सरकार के एह फैसला के बाद महानगर गैस लि. अपना वितरण क्षेत्रन में सीएनजी के दाम आठ रुपिया प्रति किलो घटा देले बा। पीएनजीओ के कीमत में पांच रुपिया प्रति एससीएम के कटौती कइल गइल बा। अदाणी टोटल गैस सुक के आधा रात से सीएनजी के दाम 8.13 रुपिया आ पीएनजी के दाम 5.06 प्रति यूनिट तक घटा देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]