[the_ad_group id="30365"]

अखिलेश के मास्टर प्लान पऽ भारी पड़ल CM योगी के ई दांव, सपा के ई विधायक लो ‘कमल’ के दबा देलस बटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दरअसल राज्‍यसभा खातिर उत्तर प्रदेश के दस सीटन पऽ वोटिंग जारी बा। भाजपा के आठ तऽ सपा के तीन गो प्रत्‍याशी मैदान बाड़े। चुनाव में समाजवादी पार्टी के कई गो विधायक लो भाजपा के पक्ष में जात दिख रहल बा । क्रॉस वोट‍िंग के लेके प्रदेश में सियासी सरगर्मी बढ़ गइल बा। सपा के बागी विधायकन पऽ शिवपाल यादवो नाराजगी जाहिर कइले बाड़े।

Rajya Sabha Chunav 2024: सपा के बागी विधायक राज्यसभा चुनाव में एक साथे वोट देवे आइल। एही दौरान ई सब यूपी के डिप्टी सीएम बृजेश पाठक के साथे मुस्कुरात देखल गइल लो । सपा के ई बागी विधायकन में मनोज कुमार पाण्डेय, राकेश पांडेय, राकेश प्रताप सिंह, अभय सिंह, विनोद चतुर्वेदी आ पूजा पाल शामिल बाड़ी।

अखिलेश बागी विधायकन पऽ का कहले ?

सपा के व‍िधायकन के भाजपा के समर्थन करे के लेके पार्टी प्रमुख अखि‍लेश यादव ने एक्‍स पर ल‍ िखले, ”हमानीं के राज्यसभा के तीसरा सीट दरअसल सांच साथियन के पहचान करे के परीक्षा रहें आ ई जाने के की के – के दिल से PDA के साथे आ के अंतरात्मा से पिछड़न, दलित आ अल्पसंख्यकन के खि‍लाफ बा। अब सब कुछ साफ़ बा, इहे तीसरका सीट के जीत बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]