[the_ad_group id="30365"]

आज मिर्जापुर जइहें सीएम योगी, विंध्य कॉरिडोर निर्माण के काम देखिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश के मुखिया योगी आदित्यनाथ आजु मिर्जापुर जइहें। सीएम योगी विंध्याचल मंदिर में दर्शन-पूजन करिहें। सथही विंध्य कॉरिडोर निर्माण कार्य के निरीक्षण भी करिहें। शनिचर दूपहर करीब 2 बजे सीएम के मिर्जापुर पहुंचले के संभावना बा। मेला शुरू होखले से एक दिन पहिले मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंदिर में मत्था टेकिहें। बतावल जा रहल बा कि पुलिस लाइन में बनल हेलीपैड से ऊ सड़क मार्ग से विंध्याचल जइहें। मां विंध्यवासिनी के दर्शन-पूजन करिहें, फिर मंदिर परिसर में मौजूद अन्य विग्रह के भी दर्शन करिहें।
सीएम योगी विंध्य कॉरिडोर के ले के चल रहल कार्य के निरीक्षण करिहें।

ऊ अष्टभुजा अउरी कालीखोह भी जा सकतने। फिर पथरहिया स्थित आयुक्त कार्यालय में बैठक कs के विकास कार्यन के समीक्षा करिहें। बैठक के बाद वापस लवट जइहें। मुख्यमंत्री के आगमन के ले के पूरा दिन तैयारी चलत रहल। जहवाँ मंदिर के लग्गे अधूरा निर्माण कार्य टीन शेड अउरी पर्दा से ढकल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]