[the_ad_group id="30365"]

गीडा स्थापना दिवस के सुभारंभ करिहें CM योगी: 800 करोड़ के प्रोजेक्ट्स के करी लोकार्पण-शिलान्यास, पहिला बेर लागी 4 दिनन के ट्रेड शो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) के स्थापना दिवस के आज आगाज होई। आज से 3 दिसंबर तक चले वाला एह आयोजन के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सुभारंभ करिहें। सीएम योगी प्राइवेट सेक्टर के 800 करोड़ रुपया के निवेश परियोजनन के लोकार्पण-शिलान्यास करिहें। 500 करोड़ रुपिया के निवेश के नया भूखंडन के आवंटन पत्र सउपिहें, 150 करोड़ रुपिया के अवस्थापना विकास कार्यन के लोकार्पण-शिलान्यास करे आ पहिला बेर आयोजित होखे जा रहल चार दिवसीय गोरखपुर ट्रेड शो के उद्घाटन करिहें।

एह अवसर पs सीएम योगी के सोझा स्किल डेवलपमेंट सेंटर खातिर नाइलिट आ प्लास्टिक पार्क के यूनिट्स के कच्चा माल उपलब्ध करावे खातिर गेल के संगे MOU के आदान-प्रदान होई। सीएम गीडा के अति महत्वाकांक्षी कालेसर बेवसायिक परियोजना के लांच करिहें सs। एकरा अलावे देस आ स्थानीय क्षेत्र के प्रमुख उद्यमियन के संगे बैठक कs के मुख्यमंत्री ओह  लोगन के पूर्वी उत्तर प्रदेश में निवेश के फायदा बताके उद्यम सुरू भा विस्तार करे खातिर प्रेरित करिहें।

30 नवंबर 1989 के भइल रहे गीडा के स्थापना

गीडा के स्थापना 34 साल पहिले 30 नवंबर 1989 के भइल रहे। बाकिर, औद्योगिक विकास के गति मार्च 2017 से, योगी आदित्यनाथ के मुख्यमंत्री बनला के बाद मिलल। वर्तमान में 33 सेक्टर में विकसित गीडा क्षेत्र में 600 से बेसी औद्योगिक इकाई उत्पादनरत बाड़ी सs आ एकरा माध्यम से 20 हजार से जादे लोगन के रोजगार मिल रहल बा। औद्योगिक इकाइयन के अलावे करीब दु दर्जन शिक्षण संस्थान गीडा इलाका में सेवारत बाड़ी सs।

एह प्लांटन के होई उद्घाटन

बीतल साढ़े छह साल में माहौल बदलल तs गीडा निवेशकन खातिर पसंदीदा स्थल बन गइल बा। फरवरी महीना में भइल  ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में गोरखपुर के पौने दु लाख करोड़ रुपिया के मिलल निवेश प्रस्तावन के केंद्र में गीडा बा। बीतल एक साल में गीडा में 550 करोड़ रुपिया के निवेश वाला अंकुर उद्योग के सरिया प्लांट के उद्घाटन, 1100 करोड़ रुपिया के निवेश वाली पेप्सिको जइसन बहुराष्ट्रीय कंपनी यूनिट के शिलान्यास मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हाथन हो चुकल बा।

ऊ 118 करोड़ रुपिया के निवेश वाली ज्ञान डेयरी के यूनिट, जल जीवन मिशन में सप्लाई देवे वाला तत्वा प्लास्टिक के 110 करोड़ रुपिया निवेश वाली पाइप फैक्ट्री के उद्घाटन करे के साथ 1200 करोड़ रुपिया के निवेश करे वाली केयान डिस्टलरी के एथेनॉल आ डिस्टलरी प्लांट के शिलान्यास कs चुकल बाड़ें।

धरारल पs उतर चुकल बा 12 करोड़ के परिजयोजना

निवेश परियोजन पs गीडा के CEO (मुख्य कार्यपालक अधिकारी) अनुज मलिक बतवलें, बीतल साढ़े छव साल में गीडा में करीब 12000 करोड़ रुपिया के निवेश परियोजना धरातल पs उतर चुकल बा। एही क्रम में सीएम योगी के पहल पर विकसित की जा रहल प्लास्टिक पार्क, रेडीमेड गारमेंट पार्क आ फ्लैटेड फैक्ट्री कॉम्प्लेक्स जइसन महत्वपूर्ण परियोजना गीडा के कायाकल्प करे में सक्षम होई।

4 दिन होई ट्रेड शो के आयोजन

गीडा के स्थापना दिवस पs पहिला बेर चार दिन के गोरखपुर ट्रेड शो के आयोजन कइल जा रहल बा। ई पूरा आयोजन दिल्ली के प्रगति मैदान में आयोजित होखे वाला इंटरनेशनल ट्रेड शो के तर्ज पs होई। बीतल दिनन प्रगति मैदान के यूपी पवेलियन में सीएम योगी गोरखपुर में भी चार दिन के इंडस्ट्री-ट्रेड एक्जीबिशन लगावे के घोषणा कइले रहस। गोरखपुर ट्रेड शो में ढाई सौ स्टाल लगावल जा रहल बा। एह स्टालन पs स्थानीय से लेके देस के बड़ उद्योगों के उत्पाद तs दिखबे करी, वित्तीय संस्था आ विविधता से भरल खान-पान के स्टाल होइहें सs।

50 से जादे उद्यमी-निवेशकन संगे बैठक करिहें सीएम योगी

गीडा के स्थापना दिवस समारोह के दौरान बियफे के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ क्षेत्र आ देस के बड़ उद्यमियन के संगे बैठक कs के ओह लोगन के आउर जादे निवेश करे के मंत्र दिहें। एह बैठक में करीब पांच दर्जन उद्यमी आ निवेशक सामिल होई लो। एकरा खातिर बुध के दुपहरिया तक पेप्सिको, बर्जर पेंट्स, कोका कोला, लुलू माल, किर्लोस्कर इंजन, रेड टेप, मंटोरा ऑयल्स, खंडेलवाल एडिबल्स, आरएसपीएल, ग्रीन प्लाई, बीकानेरवाला, कपिला कृषि उद्योग, गैलेंट, अंकुर उद्योग, इंडिया ग्लाइकोल्स समेत 54 उद्यमियन भा ओह लोगन के प्रतिनिधियन के तरफ से हामी भरल जा चुकल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]