[the_ad_group id="30365"]

आजु दू दिन के दौरा पर गोरखपुर पहुंचलें सीएम योगी, गोरखनाथ मंदिर के अलग-अलग कार्यक्रम में लीहें हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दू दिन के दौरा पर मंगर भिन्नही गोरखपुर आ गइलें। इहां अइतही ऊ गोरखनाथ मंदिर में आयोजित ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ के श्रद्धांजलि सभा में शामिल भइलें। उहवें बुध बिहाने 10:30 बजे से ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के श्रद्धांजलि सभा में भी हिस्सा लीहें।
हर साल के तरे एह बेर भी ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ अउरी ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के पुण्यतिथि पर सात सितंबर से गोरखनाथ मंदिर में श्रीराम कथा अउरी व्याख्यान के आयोजन कइल गइल बा। एकर उद्घाटन मुख्यमंत्री कइलें। अब समापन समारोह में हिस्सा लेवे आ रहल बानें।
मंगर अउरी बुध के हवन अउरी भंडारा के आयोजन कइल गइल बा।
मुख्यमंत्री अउरी गोरक्षपीठाधीश्वर दूनों ही दिन कार्यक्रम में रहिहें। बुध दुपहर बाद सीएम लखनऊ प्रस्थान कs सकतने। उनके अइला के ले के सोमवार देर साँझ ले जिला प्रशासन के प्रोटोकॉल नाइ मिल पवले रहे, लेकिन प्रशासन तैयारी में जुटल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]