[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी बोलनें: खिचड़ी मेला में आवे वाले श्रद्धालुअन के न होखे कौनो तरे के समस्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अधिकारियन के निर्देश दिहले बानें कि खिचड़ी मेला में आवे वाले श्रद्धालुअन के कौनो तरे के दिक्कत नाइ होखे के चाहीं। सीएम श्रद्धालुअन के परिवहन सुविधा खातिर ग्रामीण क्षेत्र के बस अउर ट्रेन चलावे के निर्देश दिहले बानें।

दू दिन के दौरा पs अतवार के गोरखपुर आइल सीएम योगी अधिकारियन के संगे मकर संक्रांति के अवसर पर गोरखनाथ मंदिर में लागे वाला खिचड़ी मेला के तैयारियन के समीक्षा कइलें। एह दौरान ऊ अलग-अलग विभाग के अधिकारियन से खिचड़ी मेला से संबंधित तैयारियन के जानकारी लेहलें।

एह दौरान सीएम खिचड़ी मेला ले पहुंचे खातिर खराब सड़क के ठीक करावे, बिजली के समुचित आपूर्ति सुनिश्चित करे, हेल्थ कैंप लगावे, विशेष ट्रेन चलावे, पर्याप्त बस के व्यवस्था कइले, आकाशवाणी अउर दूरदर्शन पs प्रसारण करावे के निर्देश दिहले।

बता देईं कि गोरखनाथ मंदिर में मकर संक्रांति के अवसर पर एक महीना से बेसी समय ले चले वाला प्रसिद्ध खिचड़ी मेला लागsला। एह मेला में देश के कोने-कोने के सथही विदेश से भी श्रद्धालु आ के गुरु गोरखनाथ के खिचड़ी चढ़ावेने।

बैठक में एडीजी जोन अखिल कुमार, मंडलायुक्त रवि कुमार एनजी, जिलाधिकारी कृष्णा करूणेश, एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर, नगर आयुक्त अविनाश सिंह, सीएमओ डॉ. आशुतोष दूबे, रेलवे, लोक निर्माण विभाग, बिजली विभाग समेत कई विभागन के अधिकारी मौजूद रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]