[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी के दीवाली तोहफा : यूपी में राज्यकर्मियन के डीए में चार प्रतिशत बढ़न्त आ बोनस के तोहफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार हाले में डीए में चार प्रतिशत के बढ़न्ती कइले रहे। ओकरा बाद उत्तर प्रदेश में राज्य सरकार एह बारे में फसीला ले लेले बिया। महंगाई भत्ता आ महंगाई राहत के भुगतान अक्तूबर के वेतन आ पेंशन के संगे कइल जाई। एसे हर महीना 296 करोड़ रुपिया के व्ययभार आई। जुलाई से अक्टूबर तक के देय के कुल व्ययभार 1184 करोड़ रुपिया आई। एकरा तहत पुरनका पेंशन प्रणाली के दायरा में आवे वाला कर्मियन के जीपीएफ में 387 करोड़ रुपिया जमा होई। बाकी खातिर नकद 797 करोड़ रुपिया के भुगतान कइल जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ राज्य कर्मचारियन, पेंशनरन आ पारिवारिक पेंशनरन खातिर महंगाई भत्ता आ महंगाई राहत के वर्तमान दर 34 प्रतिशत के बढ़ाके 38 प्रतिशत करे के मंजूरी दे देले बिया। ई बढ़न्ती एक जुलाई 2022 से लागू होई। एकरा संगही राज्य कर्मियन खातिर बोनसो दिहल जाई। बोनस आ डीए के भुगतान के निर्णय एक साथ लिहल गइला से तात्कालिक नकद व्ययभार 1436 करोड़ रुपिया आई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ वित्त वर्ष 2021-22 खातिर हर राज्य कर्मचारी के 6908 रुपिएंबोनस देवे के फसीला कइलें बाड़े। एकरा तहत वित्त वर्ष 2021-22 खातिर मासिक परिलब्धियन के उच्चतम सीमा 7000 रुपिया के आधार प 30 दिन के बोनस दिहल जाई। राज्य में एह समय लगभग 14 लाख 82 हजार अइसन कर्मचारी बा, जे बोनस के पात्रता के परिधि में आवे ला लो। एह लोगन के बोनस देवे में 1022 करोड़ रुपिया के व्ययभार आई। जवन कर्मी जीपीएफ के दायरा में बा, ओह लो के 25 प्रतिशत नकद आ 75 प्रतिशत जीपीएफ में जाई। जे जीपीएफ के दायरा में नइखे, ओकरा नकद मिली। 639 करोड़ रुपिया नकद व्ययभार आई आ 383 करोड़ रुपिया जीपीएफ में जमा होई।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]