[the_ad_group id="30365"]

CM Yogi in Ayodhya: 15 दिन के भीतर आज तीसरका बेर अयोध्या पहुंच रहल बाड़े सीएम योगी, रोजगार मेला में करीहें शिरकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एतवार के दिने अयोध्या के दौरा पs जइहें। सीएम योगी भोरे 10:25 बजे मिल्कीपुर विधानसभा क्षेत्र में इस्थित आचार्य नरेन्द्र देव कृषि एवं प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय पहुंचिहें। एक घंटा से अधिका एहिजा के तरह तरह के कार्यक्रम में भाग लीहें। लोकसभा चुनाव के एक पखवाड़ा के भीतर सीएम योगी के अयोध्या के इ तीसरा यात्रा आ मिल्कीपुर विधानसभा क्षेत्र के दूसरा दौरा बा।

मिल्कीपुर विधानसभा क्षेत्र में उपचुनाव के कमान खुद सीएम सम्हरले बाड़े। उनकर दौरा के एही नजरिया से देखल जा रहल बा। सीएम इहाँ आयोजित जिला स्तरीय मेगा रोजगार मेला में भाग लीहें। एह मेला में युवा लोग के देश के 100 नामी कंपनी में 50 हजार पद प नौकरी पावे के मौका मिली।

एकरा संगे मुख्यमंत्री 80 करोड़ रुपया के 14 परियोजना के उद्घाटन अउरी शिलान्यास करीहें, जवना में करीब 3500 मेधावी छात्र के टैबलेट अउरी लैपटॉपो बांटल जाई। युवा महोत्सव के संबोधन सीएम योगी करीहें। सीएम इहाँ से सबेरे 11.40 बजे लखनऊ खातिर रवाना हो जइहें।

रामनगरी में चार पहिया वाहन के प्रवेश पऽ रोक

रामनगरी झूलनोत्सव के आनन्द में डूबल बा। सावन शुक्ल द्वादशी के दिन रामनगरी में श्रद्धालु के भारी भीड़ जुटल रहे। पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक रामनगरी में तीन लाख से जादे श्रद्धालु मौजूद बाड़े। मुख्य पर्व काल्ह पूर्णिमा स्नान बा। एह दिन ई संख्या तीन गुना से अधिका बढ़ सकेला। श्रद्धालु के बढ़त भीड़ के चलते सुरक्षा आउर कड़ा कइल गइल बा। रामनगरी में चार पहिया वाहन के प्रवेश पूरा तरीका से मना बा।

सावन शुक्ल एकादशी के दिन प्राचीन पीठ रंगमहल में युगल सरकार के गलबहिया झांकी के सजावल गइल। मंदिर के महंत रामशरण दास बतवले कि गलबहिया के झांकी में भगवान श्री राम जानकी के मूर्ति एक दूसरा के गर्दन में हाथ डाल के देखाई देता। साल के बाकी दिन में श्री राम जानकी के मूर्ति अलग-अलग आशीर्वाद मुद्रा में रहेले। रंगमहल के भव्य जगमोहन में सजावल ई झांकी ओकरा साथे होखत संगीतमय झूलनोत्सव के छंदन के गायन भक्तन के आकर्षित करत रहल। एही तरे झूलनोत्सव के अनूठा स्वाद दशरथ महल बादस्थान, मणिरामदास के छावनी, श्रीरामबल्लाभकुंज, कनक भवन, कोसलेश सदन, सियाराम किला, हनुमत निवास, अचारी मंदिर समेत सैकड़ों मंदिर में फइलल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]