[the_ad_group id="30365"]

झमाझम बरखा में सीएम योगी कइलें गोसेवा, गौशाला में पहुंच गंगा-गौरी के आवाज लगवलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। मंगर के गोरखपुर आइल मुख्यमंत्री आ गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में रात्रि प्रवास के बाद बुध के सबेरे झमाझम बरखा के बीच मंदिर के गोशाला में गोसेवा कइले। ऊ भींजे के परवाह ना करत गोशाला के भ्रमण कs के गोवंश के हाल जनलें आ उनका के अपना हाथन से गुड़ खिलवलें।

बुध के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में सीएम योगी के दिनचर्या परंपरागत रहल। ऊ सबेरे गोरखनाथ मंदिर में गुरु गोरखनाथ के दर्शन-पूजन कइलें आ अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि स्थल पs जाके मत्था टेकलें। सीएम योगी जब गोरखनाथ मंदिर में होलन तs गोसेवा उनका दिनचर्या के अभिन्न हिस्सा रहेला।

बुध के सबेरे मानसून के पहिला झमाझम बरखा के बादो ऊ मंदिर परिसर के भ्रमण करत मंदिर के गोशाला में पहुंचलें आ उहां कुछ समय व्यतीत कइलें। गोशाला में ऊ चारों तरफ भ्रमण करत श्यामा, गौरी, गंगा, भोला आदि नामन से गोवंश के पुकरलें। सीएम योगी के आवाज एह गोवंशन खातिर जानल-पहचानल बा।

प्यार भरल पुकार सुनतही कइयन गो गोवंश दउरत-मचलत उनका लगे आ गइल लो। बरखा के बीच मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सभे के माथा पs हाथ फेरलें, उनका के खूब दुलरलें आ अपना हाथन से ओकनी के रोटी आ गुड़ खिलवलें। मुख्यमंत्री गोशाला के कार्यकर्ता लोगन से सब गोवंश के स्वास्थ्य आ पोषण के जानकारी लेलें आ देखभाल खातिर जरूरी निरदेस देलें।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]