[the_ad_group id="30365"]

देवरिया हत्याकांड: सत्य प्रकाश दुबे के बेटा से मिले पहुंचलें CM योगी, सवाल पूछतही फफक के रोवे लागल मासूम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Deoria Murder News: बीआरडी मेडिकल कालेज के ट्रामा सेंटर के सर्जरी वार्ड में भर्ती अनमोल दुबे (10) से मुलाकात कs के मुख्यमंत्री ओकरा के हौसला देलें।

सोमार के सबेरे पिता सत्यप्रकाश दुबे सहित पूरा परिवार के हत्या (Deoria Murder News) देखे वाला एह मासूम के रुद्रपुर पुलिस इहां मरणासन्न हालत में भर्ती करवले रहे। गहिराह मानसिक आघात लगला से ऊ डेराइल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नाम पूछलें तs ऊ अनमोल बतावल आ रोवे लागल। मुख्यमंत्री कहलें, घबरा मत इलाज हो रहल बा।

मुख्यमंत्री उपचार में लागल चिकित्सकन से लईका के स्वास्थ में सुधार के बारे में जानकारी लेलें। समार के सांझ आठ बजे आइसीयू के बेड नंबर आठ पs शिफ्ट भइल अनमोल अभी इहवें भर्ती बा।

जानकारी खातिर बता दीं कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज बीआरडी मेडिकल कॉलेज पहुंचल रहस, जहां ऊ संचारी रोग नियंत्रण आ दस्तक अभियान के सुभारंभ कइलें। सीएम योगी देवरिया में भइल घटना में घायल लईका के अलावे डेंगू, मलेरिया से पीड़ित लोगन के हाल चाल लेलें।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]