[the_ad_group id="30365"]

गंगा एक्सप्रेसवे के प्रगति से संतुष्ट सीएम, गोरखपुर लिंक एक्सप्रेसवे के लेके काहे बाड़े नाराज योगी?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गंगा एक्सप्रेसवे के निर्माण में भईल प्रगति पs संतोष जतवले बाड़े, लेकिन गोरखपुर लिंक एक्सप्रेसवे के निर्माण उनुका उम्मीद के मुताबिक नईखे होखत। मुख्यमंत्री एकरा पs बहुत नाराजगी जतवले बाड़े। यूपीडीए निर्माण कंपनी के जल्दी काम करे के चेतावनी जारी कर रहल बाड़े ।

हालही में जब मुख्यमंत्री एक्सप्रेसवे परियोजना के समीक्षा कइलन त पता चलल कि गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस के अबहीं ले महज 74 फीसदी काम पूरा भइल बा। बइठक में यूपीडीए के अधिकारी बतवले कि पैकेज दु में काम ठीक से हो रहल बा, लेकिन पैकेज एक से आवे वाला इलाका में जलप्लावन हो रहल बा। इहे कारण बा कि माटी के समर हो रहल बा। जवना के चलते उम्मीद के मुताबिक प्रगति नईखे होखत।

एकरा खातिर ठेकेदार के नोटिस दिहल जा रहल बा। मुख्यमंत्री कहले कि जल्दीए माटी के इंतजाम होखे के चाही अवुरी जे धीमा प्रगति के जिम्मेवारी वाला लोग पs कड़ा कार्रवाई होखे के चाही। एह एक्सप्रेसवे के एह साल अक्टूबर ले पूरा होखे के पड़ी। गंगा एक्सप्रेसवे में मिट्टी के काम 34 प्रतिशत पूरा हो चुकल बा। पूरा परियोजना के 16 प्रतिशत से अधिका काम हो चुकल बा। मुख्यमंत्री साफ-साफ कहले बाड़े कि बिजली लाइन अवुरी बाकी बाधा के हटावे के काम जुलाई तक पूरा होखे के चाही। मुख्यमंत्री पूर्वांचल एक्सप्रेसवे अवुरी बाकी एक्सप्रेसवे पs सार्वजनिक सुविधा के निर्माण के सबसे जादे प्राथमिकता देले बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]