Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Violence: खाली राज्यपाल ना, सरकार से बातचीत होखे के चाहीं; नीतीश कुमार अमित शाह के इयाद दिलवलें संविधान

Bihar Politics: बिहार में रामनवमी पs हिंसा के लेके बवाल मचल बा। गृह मंत्री अमित शाह द्वारा खाली राज्यपाल से बातचीत कइला पs मुख्यमंत्री नीतीश कुमार नाराजगी जाहिर कइलें। ऊ संविधान के हवाला देत कहलें कि सरकार से बातचीत कइल जाला कि राज्यपाल से।

388

सासाराम आ बिहारशरीफ हिंसा पs गृह मंत्री अमित शाह द्वारा खाली राज्यपाल से बातचीत कइला पs मुख्यमंत्री नीतीश कुमार नाराजगी जाहिर कइलें बाड़ें। बुध के पत्रकारन से बातचीत में ऊ कहलें कि ई संघीय बेवस्था के अपमान हs।

मुख्यमंत्री कहलें कि एह देस के संविधान के देख लीं। का खाली गवर्नर से बात कइल जाला? कि सरकारो से कवनो बातचीत कइल जाला। ई कानून बनल बा कि राज्य सरकार के सहमति से कुछ होला। लोग बोल रहल बा कि ऊ लोग केतना दिन से राजनीति में बा लो आ हमनी के केतना दिन से राजनीति में बा लो।

ऊ कहलें कि श्रद्धेय अटल जी के नेतृत्व में पार्टी रहे, ऊ केतना बढिय़ा से काम करत रहे। ए घरी ई लोग कुछ काम नइखे कर रहल। सब चीज पs कब्जा कs लेले बा लो, खाली आपन प्रचार कs रहल बा। जहां राज्यन में अच्छा काम होत बा ओकर कहीं चरचा नइखे। हमनी के एतना काम करत बानी सs, कहीं कवनो चरचा नइखे होत।

मीडिया से बहुत उम्मीद- सीएम

गृह मंत्री अमित शाह द्वारा दंगाइयन के उल्टा लटकाके सीधा करे वाला बयान पs मुख्यमंत्री कहलें कि रउआ सभे भूला गइनी जब 2017 में फेर हम एहलोगन के संगे गइल रहनी, तs एगो घटना भइल रहे। ओमे एगो नेता के बेटा सामिल रहे, तs ओकरो के हम गिरफ्तार करववले रहनी। ई लोग कबो कुछ कइले बा।

नीतीश कुमार कहलें कि जवन इहां भइल बा। रउआ सब लोगन के मालूम बा। एक-एक आदमी के पता बा कि सुरुए से हमनी के का-का कइले बानी सs।

मीडियाकर्मियन से आग्रह करत मुख्यमंत्री कहलें कि रउआ सभे से हमरा बहुते उमेद बा, रउआ तनिका लोगन से भीतरी से जाके बात करीं, तब रउआ लोगन के सही बातन के पता चल जाई। सुशील मोदी के लाल किला आ व्हाइट हाउस फोटो वाला बयान पs कहलें कि सुशील मोदी के बोलही के बा, उनका लगे आउर कवनो उपाय नइखे। जदि ना बोलिहें तs भाजपा उनका के निकाल दी।

विपक्षी एकता पs पत्रकारन के पूछल गइल सवाल पs मुख्यमंत्री कहलें कि हमनी के प्रयासरत बानी सs। जवन कुछओ होई बाद में सब लोगन के बतावल जाई।

504390cookie-checkBihar Violence: खाली राज्यपाल ना, सरकार से बातचीत होखे के चाहीं; नीतीश कुमार अमित शाह के इयाद दिलवलें संविधान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.