[the_ad_group id="30365"]

CM मोहन यादव बदलले बाबा महाकाल के ‘शाही सवारी’ के नाव, अब ई होई नया पहचान

महाकाल के शाही सवारी के मिलल नया नाव: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मध्य प्रदेश के सीएम मोहन यादव एगो बड़हन फैसला लिहले बाड़न. सावन महीना में सोमार के दिने उज्जैन में बाबा महाकाल के शाही सवारी से ‘शाही’ शब्द हटा दिहल गइल बा. बता दीं कि संत लोग के मांग रहे कि शाही शब्द इस्लामी साम्राज्य से जुड़ल बा, एही से एकरा के बदले के चाहीं। अब संत-ऋषि-मुनि के ई मांग मान लिहल गइल बा. बता दीं कि उज्जैन के महाकाल में शाही सवारी सिंधिया राजघराना के जमाना से निकलत बा।

राजसी सवारी के नया पहचान 

उज्जैन में सावन के सोमार से शुरू होखे वाला विश्व प्रसिद्ध बाबा महाकाल के शाही सवारी के नाम बदल दिहल गइल बा. संतन के मांग के बाद मोहन यादव शाही सवारी के नाम बदल के राजसी सवारी कs देले बाड़े।  सरकार के मंत्री, केंद्रीय मंत्री अवुरी विधायक एs नाया नाम के समर्थन कईले बाड़े। एकरा से पहिले शाही सवारी के दौरान मुख्यमंत्री डॉ. मोहन यादव उज्जैन पहुंचल रहले अवुरी कहले रहले कि बाबा महाकाल के अंतिम शाही सवारी निकालल जाता, इs सवारी ना हs बाकीर बाबा के सीधा सरोकार जनता से बा। तब से सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs ‘राजसी सवारी’ लिखल मैसेज आवे लागल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]