[the_ad_group id="30365"]

AAP सांसद संजय सिंह के परिवार से मिले पत्नी समेत पहुंचले CM केजरीवाल, ED कइलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

आम आदमी पार्टी के सांसद संजय सिंह के दिल्ली शराब घोटाला के मामिला में ईडी गिरफ्तार कs लेले बिया। गिरफ्तारी के बाद से आम आदमी पार्टी के नेता अवुरी कार्यकर्ता नाराज बाड़े अवुरी केंद्र सरकार के खिलाफ बयान देतारे। एही बीच दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल आपन पत्नी सुनीता केजरीवाल के संगे संजय सिंह के घरे पहुंचल बाड़े। सीएम संजय के माता-पिता अवुरी पत्नी से मुलाकात कईले बाड़े अवुरी उनुकर तस्वीर भी सोझा आईल बा।

संजय के गिरफ्तारी पs का कहले अरविंद केजरीवाल?

संजय के गिरफ्तारी पs अरविंद केजरीवाल ट्वीट करत कहले कि, संजय सिंह के गिरफ्तारी बिल्कुल गैरकानूनी बा। एहसे पीएम मोदी के बौखलाहट के पता चलत बा। चुनाव तक अउरी कई गो विपक्षी नेता के गिरफ्तार करीहे। एकरा से पहिले केजरीवाल सिंह के आवास पs भईल ईडी के छापामारी के भाजपा के ‘आखिरी हताशापूर्ण प्रयास’ बतवले अवुरी कहले कि सत्ताधारी पार्टी के 2024 के लोकसभा चुनाव में हार के आशंका बा। आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक कहले कि अयीसन बहुत छापामारी होई, लेकिन डर के कवनो बात नईखे। केजरीवाल दावा कईले कि उनुका खिलाफ हजारों छापामारी भईल बा, लेकिन आज तक एको पईसा बरामद नईखे भईल।

उ इहो कहले कि सिंह के घर से भी कुछ ना मिली। उ कहले कि भाजपा घबरा गईल बिया। उनुका लागत बा कि साल 2024 के आम चुनाव में उनुका बहुते बड़हन हार के सामना करे के पड़ी। ई कवनो हारल पार्टी के आखिरी हताश प्रयास ह। काल्हु कई गो पत्रकारन के साथे भइल, अब संजय सिंह के साथे हो रहल बा, जइसे-जइसे चुनाव नजदीक आवत बा, बहुते लोग के साथे होखी।

मुख्यमंत्री कहले कि चुनाव के नजदीक जईसे-जईसे अयीसन छापामारी अवुरी बढ़ी। चुनाव नजदीक आवत-आवत ईडी, सीबीआई, आयकर आ पुलिस सभे सक्रिय हो जाई । एह तरह के अउरी छापामारी कइल जाई। बाकिर डरे के कवनो जरुरत नइखे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]