[the_ad_group id="30365"]

बेंगलुरु एयरपोर्ट पीएम के स्वागत खातिर नाहीं पहुंचले सीएम, नरेंद्र मोदी खुदे बतइले ना अइले के वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बेंगलुरु : ग्रीस के राजधानी एथेंस से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सीधा बेंगलुरु पहुंचला पs सीएम सिद्धरमैया अवुरी राज्यपाल हवाई अड्डा पs उनुकर स्वागत करे खाती ना पहुंचले। जबकि प्रोटोकॉल के तहत ए लोग के पीएम के रिसीव करे आवे के पड़ेला। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हवाई अड्डा पs अपना समर्थकन के संबोधित करत कहले कि उ खुद कर्नाटक के राज्यपाल, मुख्यमंत्री अवुरी उपमुख्यमंत्री से निहोरा कईले रहले कि उनुका के स्वागत खातीर हवाई अड्डा प ना आवे, काहेंकी उनुकर आवे के समय निर्धारित ना रहे अवुरी उ ना चाहत रहले उनुका एतना सबेरे आवे के परेशानी उठावे के पड़े।

पीएम मोदी सबेरे करीब छह बजे सीधा बेंगलुरु पहुंचले

प्रधानमंत्री सुबह करीब छह बजे ग्रीस के राजधानी एथेंस से सीधे बेंगलुरु पहुंचले अवुरी चंद्रयान-3 मिशन से जुड़ल भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के वैज्ञानिक से भेंट कईले। एचएएल (हिन्दुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड) हवाई अड्डा के बहरी एगो बड़ सभा के संबोधित करत मोदी कहले कि उ दूर (एथेंस) से आवत बाड़े अवुरी उनुका ना मालूम कि उ कवना समय इहाँ पहुंचिहे। प्रधानमंत्री कहले कि उ राज्यपाल थावरचंद गहलोत, मुख्यमंत्री सिद्धरमैया अवुरी उपमुख्यमंत्री डी.के. के एतना सबेरे आवे के परेशानी उठावे के पड़े। पीएम मोदी कहले कि, एहीसे हम उनुका से निहोरा कईले रहनी कि जब हम औपचारिक दौरा करीं त उनुका प्रोटोकॉल के पालन करे के होई। उ लोग सहयोग हमार सहयोग कइले आ हम ओह लोग के शुक्रगुजार आ आभारी बानी।

जयराम रमेश इ आरोप लगवले

मोदी के इसरो के वैज्ञानिकन से मिले खातिर बेंगलुरु आवे से पहिले कांग्रेस नेता जयराम रमेश बियफे के दिने आरोप लगवले रहले कि प्रधानमंत्री कथित तौर पs सिद्धरमैया आ शिवकुमार के स्वागत करे खातिर एचएएल हवाई अड्डा पs आवे से रोक दिहले बाड़न। रमेश आरोप लगवले रहले कि प्रधानमंत्री अपना से पहिले इसरो के वैज्ञानिक के सम्मानित करे के चलते सिद्धरमैया अवुरी शिवकुमार से नाराज हो गईले। रमेश मोदी पs मुख्यमंत्री अवुरी उपमुख्यमंत्री के ठप्प क के ‘ओछी राजनीति’ करे के आरोप लगवले।

सिद्धरमैया बियफ़ें के इसरो के वैज्ञानिक लोग के बधाई देले

मुख्यमंत्री सिद्धरमैया ने यहां इसरो के ‘टेलीमेट्री, ट्रैकिंग और कमांड नेटवर्क’ (आईएसटीआरएसी) का बृहस्पतिवार को दौरा किया था और चंद्रयान-3 मिशन की सफलता के लिए इसरो प्रमुख एस सोमनाथ और उनकी टीम को बधाई दी थी। उन्होंने चंद्रमा पर चंद्रयान-3 की सफल ‘सॉफ्ट लैंडिंग’ को ऐतिहासिक उपलब्धि करार देते हुए कहा था कि राज्य सरकार इसके लिए इसरो की टीम को आधिकारिक तौर पर सम्मानित करने के वास्ते एक विशेष कार्यक्रम आयोजित करेगी। सिद्धरमैया ने कहा था, ‘‘सरकार विधान सौध के सभागार में एक विशेष कार्यक्रम आयोजित करके इसरो के अध्यक्ष (एस) सोमनाथ और उनकी टीम को आधिकारिक तौर पर सम्मानित करेगी। कर्नाटक के लगभग 500 वैज्ञानिक इस मिशन का हिस्सा थे

मुख्यमंत्री सिद्धरमैया बियफ़ें के इसरो के टेलीमेट्री, ‘ट्रैकिंग एंड कमांड नेटवर्क’ (इस्ट्राक) के दौरा कईले रहले अवुरी इसरो के प्रमुख एस सोमनाथ अवुरी उनुका टीम के चंद्रयान-3 मिशन के सफलता खातीर बधाई देले रहले। चंद्रयान-3 के चंद्रमा पs सफल ‘सॉफ्ट लैंडिंग’ के ऐतिहासिक उपलब्धि बतावत उ कहले रहले कि राज्य सरकार एकरा खातीर इसरो टीम के आधिकारिक तौर पs सम्मानित करे खातीर एगो विशेष कार्यक्रम के आयोजन करी। सिद्धरमैया कहले रहले कि, सरकार विधान सौधा सभागार में विशेष आयोजन क के इसरो के अध्यक्ष (एस) सोमनाथ अवुरी उनुका टीम के आधिकारिक तौर पs सम्मानित करी। कर्नाटक के करीब 500 वैज्ञानिक ए मिशन के हिस्सा रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]