Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में 72 घंटा पs सस्पेंस: 27 मई के जातीय गणना पs होई सर्वदलीय बइठक, JDU में RCP सिंह के अगिला डेग पs असमंजस

250

बिहार के CM नीतीश कुमार 27 मई के ऑल पार्टी मीटिंग बुलवले बाड़े ताकि जातीय जनगणना पs आम राय बनावल जा सको।

ओहिजा , राज्यसभा चुनाव से पहिले बिहार के सियासत में बड़ बदलाव के संकेत मिल रहल बा। एक तरफ जातीय जनगणना के बहाने नीतीश आ तेजस्वी के नजदीकी बढ़ रहल बा तs दूसरा तरफ जेडीयू के भीतरखाने से बगावत के खबर आ रहल बा।

सीएम नीतीश कुमार केंद्रीय मंत्री RCP सिंह के दूबारा राज्यसभा भेजे के नइखे चाहत, जबकि सूत्रन के मानल जाव तs RCP राज्यसभा के मोह छोड़े के तइयार नइखे। अइसे में पार्टी के भीतरखाना से ई चरचा बाहर आवे लागल बा कि जदि RCP के पत्ता कटत बा तs ऊ कुछ बड़हन डेग उठा सकत बाड़े। ऊ अपना खेमा के विधायकन के साथे अलग जा सकत बाड़े।

256830cookie-checkबिहार में 72 घंटा पs सस्पेंस: 27 मई के जातीय गणना पs होई सर्वदलीय बइठक, JDU में RCP सिंह के अगिला डेग पs असमंजस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.