[the_ad_group id="30365"]

19-22 जुलाई तक BPSC शिक्षक भर्ती परीक्षा के होई आयोजन: 6 लाख अभ्यर्थी होई लो सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में तीसरका चरण के शिक्षक भर्ती परीक्षा के आयोजन 19 से 22 जुलाई के कइल जाये के बा। पेपर लीक के कारण ई परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे, जवना के आयोजन दोबारा करवावल जा रहल बा। ओहिजा, अब एह परीक्षा के लेके आयोग के ओर से अहम नोटिस जारी कइल गइल बा।

19 से 22 जुलाई तक परीक्षा, छव लाख अभ्यर्थी होई  लो सामिल

तीसरका चरण के शिक्षक नियुक्ति परीक्षा 19 से 22 जुलाई तक होई, जेमे 19 के मध्य, 20 के प्राथमिक, 21 के माध्यमिक आ 22 जुलाई के उच्च माध्यमिक शिक्षक नियुक्ति परीक्षा होई। चारो दिन मिलाके परीक्षा में लगभग छव लाख अभ्यर्थी सामिल होई।

परीक्षा तीन दिन एक पाली आ अंतिम दिन दु पालियन में होई। पहिला पाली में दुपहरिया 12 बजे से 2:30 बजे तक 19 जुलाई के ई 27 जिलन के 404 परीक्षा केंद्रन पs, 20 जुलाई के 312 परीक्षा केंद्रन पs आ 21 जुलाई के 288 परीक्षा केंद्रन पs ई परीक्षा होई।

आयोग अभ्यर्थियन के देलस निरदेस

1. अभ्यर्थी परीक्षा सुरू होखला के दु घंटा पहिले परीक्षा केंद्र पs पहुंचल सुनिश्चित करी लो। परीक्षा सुरू होखला के एक घंटा पहिले परीक्षा केंद्र में अभ्यर्थियन के प्रवेश के अनुमति ना दिहल जाई। एह संबंध में एडमिट कार्ड में अंकित जरूरी  निरदेस के उम्मीदवार ध्यान से पढ़ें।

2. अभ्यर्थी ई-एडमिट कार्ड डाउनलोड करे के समय ई सुनिश्चित करे कि रोल नंबर के सामने बारकोड निश्चित रूप से अंकित रहे। बारकोड ना रहला पs दोबारा अपना एडमिट कार्ड के डाउनलोड करी।

3. अभ्यर्थी ऑनलाईन आवेदन में दिहल गइल फोटो पहचान पत्र के संगे परीक्षा केंद्र में उपस्थित होई लो, ना तs ओह लोगन के परीक्षा केंद्र में एंट्री ना मिली।

4. OMR आंसर शीट में क्वेश्चन बुकलेट के सीरीज अंकित रही। अभ्यर्थी ओएमआर सीट में क्वेश्चन बुकलेट के संख्या लिखी लो आ रोल नंबर के खाली गोला रंगल सुनिश्चित करी लो।

5. एह परीक्षा में उम्मीदवारन के औपबंधिक रूप से प्रवेश के अनुमति दिहल गइल बा। उम्मीदवारन के निर्गत प्रवेश पत्र में ई स्पष्ट रूप से अंकित कइल गइल बा कि ओह लोगन के पात्रता के सम्बन्ध में ऑनलाइन आवेदन में कइल गइल प्रविष्टि में अंकित तथ्यन के आधार पs विधिवत जांच/सत्यापन के पश्चात् ओह लोगन के अभ्यर्थिता पs आयोग के ओर से निर्णय लिहल जाई।

6. आवेदन में अंकित तथ्य कवनो बेरा जांच के क्रम में अन्यथा पावल गइला के इस्थिति में संबंधित उम्मीदवार के उम्मीदवारी रद्द कइल जा सकत बा आ आयोग के एह परीक्षा भा एह परीक्षा सहित आवे वाला परीक्षा में भाग लेवे से वंचित कइल जा सकत बा।

7. परीक्षा केंद्र परिसर, जहां परीक्षा होखे के बा, में मोबाईल, ब्लुटुथ, वाई-फाई गैजेट, इलेक्ट्रोनिक पेन, पेजर Wrist Watch (सामान्य / Smart) आदि जइसन इलैक्ट्रॉनिक सामग्री के लेके गइल आ उपयोग वर्जित बा। परीक्षा कक्ष में इलेक्ट्रानिक सामग्री ले गइला पs ओकरा के कदाचार मानत बिहार परीक्षा संचालन अधिनियम, 1981 के तहत जरूरी कानूनी कार्रवाई कइल जाई।

कदाचार कइला पs पांच बरिसन खातिर प्रतिबंध

आयोग स्पष्ट निरदेस जारी करत कहले बा कि कवनो व्यक्ति भा उम्मीदवार के कदाचार करत पावल गइला के इस्थिति में एह परीक्षा सहित आवे वाला 5 बरिसन खातिर आ परीक्षा से संबंधित भ्रामक आउर सनसनीखेज अफवाह फइलावे के इस्थिति में तीन बरिसन खातिर आयोग के परीक्षा से वंचित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]