[the_ad_group id="30365"]

Civil Services Day: पीएम मोदी आज सिविल सेवा दिवस कार्यक्रम के करिहें संबोधित, अधिकारियन के मिली सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज 16वां ‘सिविल सेवा दिवस’ कार्यक्रम के समापन सत्र आ पुरस्कार समारोह में मुख्य अतिथि के रूप में भाग लिहें। दिल्ली के विज्ञान भवन में सबेरे 11 बजे ई कार्यक्रम सुरू होई। प्रधानमंत्री मोदी सबेरे 11:40 बजे कार्यक्रम के संबोधित करिहें। संगही ऊ नौकरशाहन से बातचीतो करिहें।

आधिकारिक बयान के मोताबिक, केंद्रीय राज्य मंत्री (MoS) डॉ० जितेंद्र सिंह सबेरे 11:10 बजे ‘सिविल सेवा दिवस’ कार्यक्रम के संबोधित करिहें। एकरा बाद 11:25 बजे पीएम मोदी पुरस्कार विजेता अधिकारियन के सम्मानित करिहें। बता दीं, देस में अलग-अलग सरकारी विभागन में कार्यरत सभे अधिकारियन के काम के पहचान आ प्रोत्साहन खातिर हर साल 21 अप्रिल के ‘सिविल सेवा दिवस’ मनावल जाला।

यूपी के दु आईएएस अफसर होई लो सम्मानित 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सिविल सर्विस डे परs लोक प्रशासन में उत्कृष्ट काम करे वाला देस के आउर चुनिंदा आईएएस अधिकारियन के संगे रामपुर के डीएम रविंद्र कुमार मंदर आ चित्रकूट के डीएम अभिषेक आनंद के पीएम अवार्ड से सम्मानित करिहें। यूपी लगातार एह सम्मान के हासिल करे वाला राज्य बनल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]