[the_ad_group id="30365"]

CISF कांस्टेबल के 1100 से अधिका पदन पs आवेदन करे के आज अंतिम दिन, कइसे करे के बा अप्लाई?

CISF
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल इंडस्ट्रीयल सिक्योरिटी फोर्स यानी सीआईएसएफ में कांस्टेबल ट्रेडमैन के 1161 पद खातिर बहाली प्रक्रिया आजु बंद हो जाई, अर्धसैनिक बल में ई तरह तरह के बहाली ट्रेड कुक, नाई, दर्जी, धोबी, झाड़ूदार, इलेक्ट्रीशियन के पद खातिर कइल जाई। एह बहाली के माध्यम से रसोइया के धंधा में अधिकतम 493 पद भरल जाई। एह बहाली में जवन उम्मीदवार अबे आवेदन ना करे वाला बाड़े, उs जल्दीए आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आवेदन देस। हमनी के बता दीं कि एह बहाली खातिर ऑनलाइन आवेदन 5 मार्च से शुरू भइल बा, एह बहाली के माध्यम से सीआईएसएफ में 1161 पद के बहाली होखे वाला बा।

कांस्टेबल/कुक- 493 पद
कांस्टेबल/धोबी- 262 पद
कांस्टेबल/नाई- 199 पद
कांस्टेबल/सफाईकर्मी- 152 पद
कांस्टेबल/दर्जी- 23 पद
कांस्टेबल/मोची- 9 पद
कांस्टेबल/पेंटर- 2 पद
कांस्टेबल/कारपेंटर- 9 पद
कांस्टेबल/इलेक्ट्रीशियन- 4 पद
कांस्टेबल/माली- 4 पद
कांस्टेबल/वेल्डर- 1 पद
कांस्टेबल/चार्ज मैकेनिक- 1 पद
कांस्टेबल/मोटर पंप अटेंडेंट- 2 पद

पात्रता का बा?

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवार के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से दसवीं कक्षा भा ओकरा बराबर के पास होखे के चाहीं. ध्यान रहे कि उम्मीदवार के संबंधित ट्रेड में आईटीआई पास सर्टिफिकेट होखल फायदेमंद होई काहे कि बहाली में उनुका के प्राथमिकता दिहल जाई।

उमिर का होखे के चाहीं?

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला अभ्यर्थियन के उमिर 1 अगस्त 2025 के 18 से 23 साल के बीच होखे के चाहीं, अधिका से अधिका उमिर सीमा में अनुसूचित जाति/जनजाति के छूट दिहल जाई.

वेतन


एह पदन खातिर चुनल अभ्यर्थियन के लेवल-3 के मुताबिक 21,700 से 69,100 रुपिया के मासिक वेतन दिहल जाई.

चयन प्रक्रिया


एह पदन खातिर उम्मीदवारन के चयन पीईटी/पीएसटी, दस्तावेज सत्यापन आ व्यापार परीक्षण आ ओकरा बाद लिखित परीक्षा कt माध्यम से कइल जाई. एकरा बाद उनुकर मेडिकल टेस्ट भी करावे के होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]