[the_ad_group id="30365"]

क्रिसमस 2022: आजु अद्ध रात में जनम लीहें प्रभु यीशु, रंग-बिरंगा झालरन से जगमगा रहल बा घर अउर चर्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

क्रिसमस पर्व के तैयारी लगभग पूरा हो चुकल बा। मसीही समुदाय के घर अउर गिरजाघर के रंग-बिरंगा झालर से सजावल गइल बा। मसीही समाज सनीचर के अद्ध रात के प्रभु यीशु के जन्म उत्सव धूमधाम से मनाई। सेंट जोसेफ महागिरजाघर सिविल लाइंस में मां मरियम के मंदिर आकर्षक रूप से सजावल गइल बा। सामने चरनी के निर्माण कइल गइल बा। एकरे पीछे गौशाला बा, जहां पशुअन के साथ चरवाहा बानें सब। स्वर्ग दूत एंजेल के भी तस्वीर बनावल गइल बा। उहवें स्वर्ग दूतन के बीच में बाल रूप प्रभु यीशु मसीह के झांकी एगो टोकरी में रखल गइल बा।
क्रिसमस 2022

 

सेंट मार्क चर्च स्टैनपुर पादरी बाजार, सेंट जॉन चर्च बशारतपुर, क्राइस्ट चर्च शास्त्री चौक, एंड्रयूज चर्च कौवा बाग, सेंट थॉमस चर्च धर्मपुर, मसीही कलीसिया खरैया पोखरा, पीस टर्बिनिकल चर्च मयूर विहार, फुल गोस्पेल चर्च मोती पोखरा, सैंट एंथोनी चर्च धर्मपुर आदि चर्च भी रंग-बिरंगा रौशनी से जगमगा रहल बा।
क्रिसमस 2022

 

विशेष प्रार्थना सभा होई

मान्यता के अनुसार प्रभु यीशु मसीह के जन्म 25 दिसंबर के पहिले पहर अर्थात 24 दिसंबर के अद्ध रात में 12 से तीन के बीच भइल रहे। एहीलिए एह दिन रात के 12 बजतही गिरजाघरों में प्रभु आगमन के खुशी में विशेष प्रार्थना सभा आयोजित कइल जाला। दूसरे दिन 25 दिसंबर के क्रिसमस के पर्व धूमधाम से मनावल जाला।
क्रिसमस 2022

 

बाजार में रौनक

क्रिसमस के मद्देनजर सुक्क के बिहाने से बाजार में रौनक दिखल। शहर के गोलघर, रेती चौक, आजाद चौक, बशारतपुर, रेलवे स्टेशन सहित तमाम मसीही मोहल्ला में दुकान के सजावल गइल बा। चॉकलेट, कैंडी गिफ्ट, क्रिसमस केक के खरीदारी खातिर दुकान पर भीड़ उमड़ल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]