Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा(मशरक) में ट्रक आ कार में भिड़ंत, जुवक के मौत

रूपिया के वसूली कs के लवटत रहले आर्केस्ट्रा संचालक, तबे भइल हादसा; 2 लोग गंभीर रूप से घायल

225

छपरा में सनीचर के भोरे सड़क हादसा में एगो जुवक के मौत हो गइल। ओहिजा दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। घटना मशरक थाना क्षेत्र के केंद्रीय विधालय के सोझा के हs। आज भोरे तेज रफ्तार ट्रक आ कार में सीधा भिड़ंत हो गइल। हादसा में घटना के जगहे पs जुवक के मौत हो गइल। हादसा में घवाहिल लोगन के सामुदायिक सवास्थ केंद्र मशरक में भरती करावल गइल। ओहिजा टक्कर के बाद ट्रक लेके चालक फरार हो गइल।

अस्पताल में भरती घायल

मृतक के पहचान सिवान जिला के बसंतपुर थाना क्षेत्र के जुनेदपुर गाँव के रहनिहार मुतुर्जा मियां के 35 बरिस के लईका अशरफ अली का रूप में भइल। ओहिजा घायल बसंतपुर थाना क्षेत्र के खेरवा के रहनिहार बिंदा साह के 60 बरिस के लईका रामलाल साह, स्व॰ चनरमा यादव के 35 बरिस के लईका 23 बरिस के हरकिशोर यादव का रूप में भइल। घटना के सूचना मिलला पs मवका पs पहुंचल थानाध्यक्ष राजेश पुलिस बल के संगे पहुँचले। घायलन के सामुदायिक स्वास्थ केंद्र में भरती करावल गइल।

 

मरे वाला आर्केस्ट्रा संचालक रहे, गाड़ी काट के निकालल गइल शव

मृतक अशरफ अली आर्केस्ट्रा अली आर्केस्ट्रा के संचालक रहले। टक्कर एतना भेयानक रहे कि गाड़ी चला रहल मृतक के शव वैगनआर कार में सीटे पs फंस गइल। एही कारणे ओह मवका पs गैस कटर से काट के शव के बहरी निकालल गइल रहे। पोस्टमार्टम ला सदर अस्पताल भेज दिहल गइल। शव के निकाले में बहुते मेहनत करे के पड़ल।

 

आर्केस्ट्रा के पईसा असूले निकलल रहस मृतक 

परिजन बतावल लो कि मृतक सिवान जिला के बसंतपुर थाना क्षेत्र के खेरवा बाजार पs सुपर ताज नाच रिकॉर्ड आर्केस्ट्रा ग्रुप चलवात रहल हs । एही में नाच पार्टी के साटा पs रूपिया के असूली करे गौरा गइल रहे। ओहिजा से भोर में रूपिया के असूली कs के मशरक का रास्ते वैगनआर कार से घरे जात रहे। ताबे केंद्रीय विधालय के लगे ट्रक से टक्कर हो गइल, जवना में कार चालक के मौत हो गइल। ओहिजा दु लोग घायल हो गइल। मृतक के बियाह हो गइल रहे आ ओकर तीन गो छोट-छोट लईका बाड़े सs। घटना के सूचना मिलते मवका पs पहुंचल परिजन लो के रो रो के बुरा हाल बा।

साभार-भास्कर  

219120cookie-checkछपरा(मशरक) में ट्रक आ कार में भिड़ंत, जुवक के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.