[the_ad_group id="30365"]

चिरंजीवी के नाव गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड में दर्ज

चिरंजीवी के नाव गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड:फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दक्षिण के सुपरस्टार चिरंजीवी भारतीय फिलिमन के सफल कलाकारन में से एक हउवें. चार दशक से अधिका के कैरियर में ऊ तेलुगु के साथे-साथ हिंदी, तमिल आ कन्नड़ के कई गो फिलिमन में काम कइले बाड़न। मेगास्टार चिरंजीवी अब गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड के धारक बन गइल बाड़ी. अपना 45 साल के अभिनय करियर में 156 फिलिमन के 537 गाना में 24,000 डांस मूव्स करे खातिर उनुका के ई सम्मान मिलल. बॉलीवुड अभिनेता आमिर खान इs पुरस्कार चिरंजीवी के देले अवुरी एs मौका पs उनुकर तारीफ कईले।

मेगास्टार चिरंजीवी अपना यशस्वी कैरियर में बहुते पुरस्कार जीत चुकल बाड़न.अब भारतीय फिल्म इंडस्ट्री के सबले सफल फिल्म स्टार के रूप में उनुकर नाम गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड में दर्ज हो गइल बा. ई सम्मान उनुका के आधिकारिक तौर पs 22 सितंबर के मिलल रहे. चिरंजीवी के नाम गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड में शामिल होखला से भारत के सभे खुश बा। ई सम्मान सुपरस्टार आमिर खान दिहलन. अतवार के दिने हैदराबाद में भइल एह आयोजन में आमिर खान खास मेहमान के रूप में शामिल भइले. उs चिरंजीवी के गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड सर्टिफिकेट देत तारीफ कईले। आमिर चिरंजीवी के गले लगा के कहले, हमरा खातीर खुशी अवुरी सम्मान के बात बा। चिरंजीवी अवुरी उनुका प्रशंसक के देख के हमरा खुशी होखता अवुरी आप सभ के धन्यवाद बा कि हमरा के आप लोग में शामिल कईल, काहेंकी हम उनुकर बड़ प्रशंसक भी बानी।”

बॉलीवुड के मिस्टर परफेक्शनिस्ट आमिर खान आगे कहले कि, हम उनुका के आपन बड़ भाई मानतानी। चिरंजीवी जब हमरा के फोन कs के एह आयोजन में शामिल होखे के कहले तs हमरा पता ना चलल कि उs हमरा के काहे फोन कईले बाड़े। हम तs पहिलही से कहले रहनी कि बस ऑर्डर करे के बा, कवनो निहोरा ना। हमरा बहुत खुशी बा कि चिरंजीवी के इs सम्मान मिलल।” चिरंजीवी के डांस मूव्स पs चर्चा करत आमिर खान कहले कि, उनुका कवनो गाना देखब तs पता चल जाई कि उनुका डांस में बहुत मजा आवेला।”

दोसरा तरफ चिरंजीवी एह सम्मान पs खुशी जतवले आ कहलन कि “ऊ कबो ना सोचले रहले कि ऊ गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड धारक बन जइहें. संगही, उs अपना प्रशंसक के एs विश्व रिकॉर्ड खातीर धन्यवाद देले।” चिरंजीवी आपन फिल्मी कैरियर के शुरुआत 1978 में रिलीज भइल फिल्म ‘प्रणाम खरीडू’ से कइले रहले, हालांकि एहसे पहिले ऊ 1979 में रिलीज भइल फिल्म ‘पुनाधिरल्लू’ के साइन कइले रहले. अबहीं ले ऊ डेढ़ सौ से अधिका फिलिमन में काम कs चुकल बाड़न. चिरंजीवी के 2006 में पद्म भूषण आ 2024 में पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल बा. तेलुगु इंडस्ट्री में सबसे हिट फिलिमन के रिकार्ड इनका लगे बा.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]