[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में 28 सीटन पs चुनाव लड़ी LJP(R): रांची में पार्टी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक आज, फेर से राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनल जइहें चिराग पासवान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोजपा रामविलास पार्टी के आज रांची में राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक बा। एह बैठक में चिराग पासवान कइयन गो बड़ फैसला ले सकत बा लो। रांची में होखे वाला कार्यकारिणी के बैठक में लिहल जाये वाला फैसले NDA पs खासा असर डाल सकत बा। यह बैठक में लोजपा रामविलास पार्टी के सब सांसद, विधायक आ संगठन के पदाधिकारी सामिल होई लो। ओहिजा पार्टी नेता लोगन के कहनाम बा कि रांची में बैठक आयोजित करे के सबसे बड़ वजह झारखंड विधासभा चुनाव बा, जहां पार्टी 28 सीटन पs चुनाव लड़े के तइयारी कs रहल बिया। एकर लिस्ट पार्टी आलाकमान के भेजल जा चुकल बा। आज होखे वाली बैठक में एह पs चरचा कइल जाई।

BJP-JDU के बढ़ सकत बा परेसानी

चिराग पासवान के झारखंड में 28 सीटन पs चुनाव लड़े के दावन के बाद NDA में परेसानी बढ़ सकत बा। एक ओर भाजपा सब 81 सीटन पs झारखंड में चुनाव लड़े वाला बिया। ओहिजा, जदयू 11 सीटन पs चुनाव लड़े के दावा कइले बा। जदयू अपना 11 सीटन के सूची मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भेज देले बा। ओहिजा, जदि चिराग पासवान 28 सीटन पs चुनाव लड़त बाड़ें तs NDA के परेसानी बढ़ल तय बा।

चिराग फेर से बनिहें राष्ट्रीय अध्यक्ष

राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक में चिराग पासवान एक बेर फेर से राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनल जइहें एकर घोषणा होई। बैठक में कइयन प्रस्ताव ले जावल जाई, जवना पs मोहरो लागी। बैठक में सबसे बड़ माने चार राज्य (झारखंड, बिहार, हरियाणा आ बंगाल) में चुनाव लड़े के प्रस्ताव के अइला के संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]