[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: बीआरडी में भर्ती भइल चीनी पर्यटक, हालत खतरा से बाहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती भइल ताइवान मूल के चीनी पर्यटक (42) शीह डी कुआन के हालत खतरा से बाहर बा। उनकर इलाज मेडिसिन वार्ड में चलत रहे। डॉक्टरों लोग मनोचिकित्सा विभाग में इलाज के देलस। एही बीच कइयन बेर महिला पर्यटक बीआरडी से भागे के कोसिसो कs चुकल बाड़ी। परिजनन से वीडियो कॉल पs बात कइली, एकरा बाद महिला सामान्य भइली।

जानकारी के मोताबिक, शीह डी कुआन पिछला साल नवंबर में नेपाल से कुशीनगर आइल रहली। ओह दौरान ऊ बेमार चलत रहली। बतावल जा रहल बा कि उनकर दवा ताइवान से चलत रहे। एह बीच दवाई ओरा गइल तs उनकर मानसिक इस्थिति बिगड़ गइल। उनका के कुशीनगर के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां से डॉक्टर लोग बीआरडी मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल।

डॉक्टरन के मोताबिक पहिले उनका के मेडिसिन वार्ड में भर्ती करावल गइल, जहां प्राथमिक इलाज के बाद मेडिसिन के डॉक्टर लोग मनोचिकित्सा विभाग में जांच के सलाह दिहल। डॉक्टर महिला के पूरा हिस्ट्री जाने के कोसिस में जुट गइल लो, बाकिर भाषा के जानकारी ना होखला के वजह से तनिका दिक्कत आ रहल बा। एकरा खातिर कुशीनगर से एगो द्विभाषीय बोलावल गइल बा।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के मनोचिकित्सा विभागाध्यक्ष डॉ. तपस कुमार बतवलें कि मरीज के पूरा मेडिकल हिस्ट्री जाने के कोसिस कइल जा रहल बा। महिला परिजनन से वीडियो कॉल पs बात कइला के बाद कुछ सामान्य भइल बाड़ी।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]