[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: नालंदा में 150 फीट गहिराह बोरवेल में गिरल लईका: मां के पीछे-पीछे पहुंचल रहे खेत में, सुनाई दे रहल बा लईका के आवाज, रेस्क्यू जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नालंदा में 4 साल के लईका 150 फीट गहिराह बोरवेल में गिर गइल बा। घटना अतवार के सबेरे करीब 9.30 बजे के हs। बोरवेल से ओकर रोवे के आवाज आ रहल बा। रेस्क्यू खातिर स्थानीय प्रशासन जुटल बा। लईका के ऑक्सीजन पाइप से दिहल जा रहल बा।

बोरवेल के आसपास जेसीबी से खुदाई कइल जा रहल बा। एसडीआरएफ आ एनडीआरएफ के सूचना दिहल गइल बा।

नालंदा थाना के भदारी गांव में डोमर मांझी के बेटा शिवम कुमार अपना मां रेणू देवी के संगे खेत में गइल रहे। चुहन सिंह के खेत में बोरिंग फेल हो गइला के कारण ओकरा के ताड़ के पत्तन से ढंकल गइल रहे।

शिवम के मां खेत मे काम करे लगली आ तब शिवम पेड़ के लगे आ के खेले लागल। तबे उहां अचानक ऊ बोरवेल में गिर गइल। आवाज होखला के बाद ओकर मां दउरली। एकरा बाद आउर ग्रामीणन के एकर जानकारी देली।

बोरवेल में फंसल लईका के ऑक्सीजन देत मेडिकल टीम।

तीन जेसीबी से खुदाई, एगो खराब

मवका पs सिलाव अंचलाधिकारी शंभू मंडल, नालंदा थानाध्यक्ष दिनेश कुमार सिंह पहुंचल बा लो। प्रशासन मवका पs तीन गो जेसीबी बोलवले बा। बोरवेल के आसपास के मिट्‌टी हटावे खातिर खुदाई कइल जा रहल बा। एगो जेसीबी खराब हो गइल बा। मेडिकल इमरजेंसी के कॉल कइल बा। लईका के ऑक्सीजन सप्लाईयो दिहल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]