[the_ad_group id="30365"]

‘नीतीश कुमार के माटी में मिला देम’, सम्राट चौधरी के बयान पs मुख्यमंत्री कुछ एह तरे कइलें पलटवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (Nitish Kumar) भाजपा (BJP) के प्रदेश अध्यक्ष सम्राट चौधरी (Samrat Choudhary) के कथित बयान ‘नीतीश कुमार के माटी में मिला देम’ पs आपन प्रतिक्रिया देलें बाड़ें। मुख्यमंत्री कहलें कि उनका के कही सभे करा देव, जे अइसन शब्दन के प्रयोग करत बा, समझ लीं बुद्धि नइखे।

पटना इस्थित जदयू कार्यालय पs भामाशाह के जयंती समारोह में सामिल होखला के बाद नीतीश कुमार मीडिया से बातचीत के दौरान कहलें कि हम कबो एह तरे के शब्दन के प्रयोग ना कइनी। जे एह तरे के शब्दन के प्रयोग करत बा, समझ लीं ‍ओकरा बुद्धि नइखे। ओकरा जवन मन में आवे बोले आ जवन करे के बा करे।सीएम के संगे एह मवका पs विजय कुमार चौधरी सहित कइयन गो मंत्री आ पार्टी के पदाधिकारी मवजूद रहे लो।

का बोललें सम्राट चौधरी

मालूम होखे कि भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सम्राट चौधरी सनीचर के भाजपा कार्यालय में भामाशाह जयंती समारोह के दौरान कहले रहस कि जवना तरे उत्तर प्रदेश के सरकार आतंकवादियन आ माफियन के माटी में मिला रहल बिया, ओहि तरे अगिला चुनावन में नीतीश कुमार के राजनीतिक रूप से माटी में मिला देवे के संकल्प लेवे के बा।

सम्राट चौधरी कहलें कि भाजपा नीतीश कुमार के तरे पलटी ना मारेले। लालू प्रसाद के राजनीति में उत्पति भइल बा तs भाजपा के कारण भइल बा। हमनी के संकल्प लेवे बा कि बिहार में डबल इंजन के लोकप्रिय सरकार बनावे के बा। मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार एहपर प्रतिक्रिया देत रहस।

राज्यपाल के जन्मदिन पs सीएम देलें सुभकामना

बिहार के राज्यपाल राजेंद्र आर्लेकर के आज जन्मदिन हs। एह मवका पs नीतीश कुमार उनका के बधाई आ सुभकामना देलें। संगही राज्यपाल के सुखद आ दीर्घायु जिनगी के कामना कइलें।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]