छत्तीसगढ़ पुलिस के मिलल राष्ट्रपति के पुलिस ध्वज सम्मान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

  राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू छत्तीसगढ़ पुलिस के ‘राष्ट्रपति का पुलिस ध्वज’ देबे के मंजूरी दे दिहले बाड़न. मुख्यमंत्री विष्णु देव साय छत्तीसगढ़ पुलिस के एह उपलब्धि खातिर बधाई दिहले बाड़न. ई विशेष ध्वज देश के

Share

छत्तीसगढ़ पुलिस के मुख्यालय

 

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू छत्तीसगढ़ पुलिस के ‘राष्ट्रपति का पुलिस ध्वज’ देबे के मंजूरी दे दिहले बाड़न. मुख्यमंत्री विष्णु देव साय छत्तीसगढ़ पुलिस के एह उपलब्धि खातिर बधाई दिहले बाड़न. ई विशेष ध्वज देश के चुनल राज्यन के पुलिस इकाई के 25 साल के अनुकरणीय सेवा आ राष्ट्र के प्रति समर्पण के प्रतीक के रूप में दिहल जाला। छत्तीसगढ़ पुलिस नक्सली मोर्चा पs हिम्मत आ दृढ़ संकल्प के साथे कठिन चुनौतियन के सामना करत ई सम्मान अर्जित कइले बिया जवन ओह लोग के बेहतरीन सेवा के गवाही बा.

16 फरवरी 2018 के भेजल गइल प्रस्ताव

जानकारी के मुताबिक छत्तीसगढ़ सरकार इs प्रस्ताव गृह विभाग के माध्यम से 16 फरवरी 2018 के भेजले रहे, जवना के अब मंजूरी मिल गईल बा। एह सम्मान के संगे पुलिस बल के जवान अपना वर्दी पs निशान के रूप में ध्वज के प्रतिकृति धारण करीहे। जवन कि उनुका बहादुरी अवुरी सेवा के प्रतीक होई। राष्ट्रपति के ध्वज के कवनो पुलिस भा सैन्य बल खातिर सबसे बड़ मान्यता मानल जाला आ छत्तीसगढ़ पुलिस के निष्ठा, कर्तव्यनिष्ठा आ मेहनत के राष्ट्रीय सराहना के झलक देखावेला.

छत्तीसगढ़ पुलिस, छत्तीसगढ़ news, छत्तीसगढ़ पुलिस को मिला राष्ट्रपति का पुलिस ध्वज सम्मान,राष्ट्रपति का पुलिस ध्वज सम्मान, सम्मान, छत्तीसगढ़ पुलिस का मुख्यालय, छत्तीसगढ़ पुलिस के मुख्यालय

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.