Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Chhath Puja 2022: उगत सूरज के अर्घ्य देला के संगे संपन्न भइल छठ, अगिला साल एह दिन मनावल जाई महापर्व

छठ के चउथा दिन आज उगत सूरज के अर्घ्य देके विधि-विधान से पूजा संपन्‍न कइल गइल। एकरा पहिले अतवार के डूबत सूरज के अर्घ्य दिहल गइल। घाटन प खास रौनक दिखल। इहां जानीं अगिला साल माने 2023 में कवना दिने मनावल जाई छठ महापर्व...

1,820

Chhath Puja 2022: उगत सूरज के अर्घ्‍य देला के साथे लोक आस्था के महापर्व छठ पूजा के आज समापन हो गइल। बिहार, झारखंड के प्रचलित पर्व छठ के छटा अब आउर राज्य जइसे यूपी आ दिल्ली के अलावे विदेशन में देखे के मिल रहल बा।

अतवार के दिहल गइल रहे डूबत सूरज के अर्घ्य 

सूर्योपासना के ई पर्व कार्तिक महीना के शुक्ल पक्ष के चतुर्थी से सप्तमी तिथि तक मनावल जाला। एह साल छठ पर्व के शुरुआत सूक के नहाय-खाय के संगे भइल रहे। एकरा बाद सनीचर के व्रती लोग ‘खरना’ के प्रसाद ग्रहण कइल। ‘खरना’ के दिन व्रती उपवास क के सांझ के नहइला के बाद विधि-विधान से रोटी आ गुड़ से बनल खीर के प्रसाद ग्रहण कइल लो।। एही के साथे व्रती महिला लोग के दु दिन के निर्जला उपवास शुरू हो गइल।

एकरा पहिले अतवार के डूबत सूरज के अर्घ्य दिहल गइल। ई व्रत सोमार के उगत सूर्य के अर्घ्य अर्पित कइला के संगे संपन्न भइल। छठ के चउथा दिन आज उगत सूरज के अर्घ्य देके विधि-विधान से पूजा संपन्‍न कइल गइल। घाटन प खास रौनक दिखल।

अगिला साल एह दिन से शुरू होई चैती छठ

25 मार्च 2023, सनीचर– नहाय-खाय

26 मार्च 2023, अतवार – खरना

27 मार्च 2023 , सोमार – डूबत सूरज के अर्घ्य

28 मार्च 2023, मंगर – उगतसूर्य का अर्घ्य

 

अर्घ्य देवे के शुभ मुहूर्त – Chhath Puja Muhurat

सूर्यास्त के समय (संध्या अर्घ्य): – 27 मार्च, 05:30 PM

सूर्योदय के समय (उषा अर्घ्य) – 28 मार्च, 06:40 AM

जानीं कब मनावल जाला छठ पूजा के पर्व

सूर्य के उपासना के पर्व साल में दु बेर मनावल जाला। चैत्र शुक्ल षष्ठी आ कार्तिक शुक्ल षष्ठी एक दु तिथियन के ई पर्व मनावल जाला। हालांकि कार्तिक शुक्ल षष्ठी के मनावल जाये वाला छठ पर्व मुख्य मानल जाला। कार्तिक छठ पूजा के विशेष महत्व मानल जाला।

अगिला साल कब होई कार्तिक महीना में छठ महापर्व

17 नवंबर 2023, सुक – नहाय-खाय

18 नवंबर 2023, सनीचर– खरना

19 नवंबर 2023 अतवार (सांझ के अर्घ्य)

365920cookie-checkChhath Puja 2022: उगत सूरज के अर्घ्य देला के संगे संपन्न भइल छठ, अगिला साल एह दिन मनावल जाई महापर्व

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.