[the_ad_group id="30365"]

कलर प्रिंट से चेक बना के खाता से निकाल लेले 13 करोड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड के उधम सिंह नगर जिला में एगो बैंक मैनेजर आ एगो महिला कैशियर मिल के एसएलओ खाता से 13 करोड़ से अधिका के रकम निकाल लिहले। आरोपी एकरा खातिर रंगीन कागज पs छाप के चेक बनवले रहले। फिलहाल शिकायत के बाद पुलिस मामला दर्ज कऽ के दुनो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया।

उत्तराखंड के उधम सिंह नगर में एगो हैरानी के मामला सामने आइल बा। इहाँ बैंक के कर्मचारी अइसन कारनामा कइले जवन कि अधिकारी के चौंका देले।  असल में इ मामला रुद्रपुर के इंडसइंड बैंक शाखा के बा। इहाँ प्रबंधक अवुरी कैशियर फर्जी चेक के माध्यम से एसएलओ के बैंक खाता से 13 करोड़ 51 लाख रुपया निकाल लेले। एह घटना से प्रशासन में हलचल मच गइल। शिकायत मिलते अनियमितता के जांच भइल आ दु गो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल।

एसएसपी उधम सिंह नगर डॉ. मंजूनाथ टीसी बतवले कि जिला में एसएलओ के खाता से 13 करोड़ 51 लाख रुपया के गबन भइल, जवना के खुलासा भइल बा।  इंडसइंड बैंक के मैनेजर आ महिला कैशियर के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेले बिया।  एकरा संगे पुलिस 7.5 करोड़ रुपया फ्रीज कऽ देले बिया।

गिरफ्त में आरोपी।

एसएसपी मंजुनाथ टीसी बतवले कि आरोपी रंगीन कागज पs छाप के चेक बनवले आ एसएलओ के सरकारी खाता से करोड़ों रुपया के गबन कइले।

एह मामला में एसएलओ कौस्तुभ मिश्रा के शिकायत के आधार प एगो अनजान आदमी के खिलाफ मामला दर्ज भइल।  अब जांच के बाद पुलिस कुंडेश्वरी काशीपुर निवासी होशियार के बेटा बैंक मैनेजर देवेंद्र आ आवास विकास रुद्रपुर निवासी रजत के कैशियर प्रियम सिंह पत्नी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया।  आरोपी करोड़ों रुपया के गबन के बाद बैंक से इस्तीफा दे देले रहले। अब पुलिस दुनो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। फरार होखे वाला दोसरा आरोपियन के तलाश जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]