[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: पुलिस गायब बैग दिलवलस, स्पेनी दंपती बोलल- ई पल कबो भूल नइखी सकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत घूमे आइल स्पेन के दंपती रेलवे स्टेशन पs आपनबैग भूल गइल। बहुते खोजबीन के बादो जब बैग ना मिलल तs ऊ कैंट थाना के रेलवे चौकी पs पहुंचल लो। पुलिस 45 मिनट में बिदेसी दंपती के बैग खोजके ओह लोगन के सउप देलस। पुलिस के एह काम के दुनो लोग खूब तारीफ कइल। बिदेसी दंपती हिंदी में कहलस- शुक्रिया ! ये पल कभी भूल नहीं सकते।

बता दीं कि स्पेन के रहे वाला सैंटिगो (65) आ उनकर पत्नी अना मारिया (58) भारत भ्रमण पs निकलल रहे लो। कइयन शहरन से घूमत ऊ लोग बुध के गोरखपुर पहुंचल लो। इहां से ऊ लोग नेपाल के काठमांडू जाये वाला रहे लो। रेलवे स्टेशन के गेट नंबर पांच के लगे दंपती के बैग छूट गइल।

बतावल जा रहल बा कि बुजुर्ग होखला के वजह से उनका इयाद ना आवत रहे कि ऊ आपन बैग कहां भूलल बा लो। आस-पास के होटलन आ राहगीरन के मदद से दंपती बैग खोजे के प्रयास कइलस, लेकिन कामयाबी ना मिलल।

एकरा बाद ऊ लोग रेलवे पुलिस चौकी पहुंचल। उप निरीक्षक महेश चौबे, उप निरीक्षक जितेंद्र कुमार आ कांस्टेबल संजीत यादव 45 मिनट में सीसीटीवी कैमरा के मदद से बिदेसी दंपती के बैग खोज निकालल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]