[the_ad_group id="30365"]

Chardham Yatra 2025: पंजीकरण के आंकड़ा पहुंचल 10 लाख पार… केदारनाथ धाम जाये खातिर सबसे जादे रजिस्ट्रेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क: चारधाम यात्रा खातिर ऑनलाइन आधार आधारित पंजीकरण के आंकड़ा 10 लाख पार हो चुकल बा। एमे केदारनाथ धाम खातिर सबसे जादे 3.29 लाख तीर्थयात्री पंजीकरण कs चुकल बा। यात्रा सुरू होखला के बाद 40 प्रतिशत पंजीकरण ऑफलाइन कइल जाई।

पर्यटन विभाग 30 अप्रिल से सुरू हाे रहल चारधाम यात्रा खातिर 20 मार्च से ऑनलाइन पंजीकरण सुरू कइले रहे। 10 दिन के भीतर यात्रा खातिर अलग-अलग तिथियन में 10 लाख से जादे तीर्थयात्री पंजीकरण कs चुकल बा लो। बाबा केदार के कपाट दु मई के खुल रहल बा। जबकि बदरीनाथ धाम के कपाट चार मई के खुली। 30 अप्रिल के अक्षय तृतीया के दिन गंगोत्री आ यमुनोत्री धाम के कपाट खुलला के संगे यात्रा के आगाज होई।

पर्यटन विभाग के रिपोर्ट के अनुसार केदारनाथ धाम खातिर 3.29 लाख, बदरीनाथ धाम खातिर 3.02 लाख, गंगोत्री खातिर 1.85 लाख आ यमुनोत्री धाम के यात्रा खातिर 1.79 लाख से जादे श्रद्धालु पंजीकरण करा चुकल बा लो। श्रद्धालअन सुविधा खातिर अबकि बेर 60 प्रतिशत पंजीकरण ऑनलाइन कइल जा रहल बा। जबकि 40 प्रतिशत पंजीकरण यात्रा सुरू होखला के बाद आफलाइन कइल जाई। एकरा खातिर हरिद्वार, ऋषिकेश के संगे यात्रा मार्गन पs पंजीकरण केंद्र खोलल जाई।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]