सीतामढ़ी में मूर्ति विसर्जन के दौरान बवाल, चाकूबाजी में 2 गो मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 15, 2024

सीतामढ़ी : बिहार के सीतामढ़ी के सुप्पी थाना क्षेत्र के ढेंग में मूर्ति विसर्जन के लेके विवाद शुरू हो भइल जहां चाकू मारे के घटना दोसर समुदाय के कुछ लोग कइले रहले। जवना में दु

Share

सीतामढ़ी : बिहार के सीतामढ़ी के सुप्पी थाना क्षेत्र के ढेंग में मूर्ति विसर्जन के लेके विवाद शुरू हो भइल जहां चाकू मारे के घटना दोसर समुदाय के कुछ लोग कइले रहले। जवना में दु लोग के मौत हो गइल आ बहुत लोग घायल हो गइले। घायल लोग के इलाज खातिर निजी क्लिनिक में भर्ती करावल गइल। जहां से डॉक्टर उनका के बेहतर इलाज खातिर सीतामढ़ी रेफर कऽ देले।

इलाज के दौरान मौत भइल : घायल के इलाज खातिर निजी क्लिनिक में भर्ती करावल गइल, जवना में से मंगर के सबेरे दु लोग के मौत हो गइल। घटना से नाराज लोग सुप्पी के लोग आग लगा के विरोध कइले अउरी हत्यारा के गिरफ्तारी के मांग कइले। इस्थिति के सामान्य बनावे खातिर मौका पs भारी संख्या में पुलिसकर्मी के तैनात कइल गईल बा।

दू समुदाय के बीच तनाव : मौत के बाद दू समुदाय के बीच तनाव के इस्थिति पैदा हो गइल बा। फिलहाल पुलिस एह घटना से जुड़ल बहुत लोग के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। मरेवाला लोग के पहचान ढेंग गांव के निवासी 50 साल के तलेवर साहनी अउरी 55 साल के भरत साहनी के रूप में भइल बा। सीतामढ़ी सदर के डीएसपी राम कृष्ण बतवले कि महावीर झंडा के समय दु समुदाय के बीच विवाद भइल रहे, जवना के पुलिस शान्त कइले रहे। मंगर के दुर्गा पूजा के दौरान जब लोग मूर्ति के विसर्जन के दौरान लवटत रहले तऽ एगो समुदाय के लोग चाकू से हमला कऽ देले।

“दु समुदाय के बीच भईल विवाद में बहुत लोग बहुत घायल हो गइले। मंगर के सबेरे तलेवर साहनी अउरी भरत साहनी के मौत हो गइल। बहुत लोग के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जाता, दोषी पावल जाए वाला के खिलाफ कार्रवाई होई।”-राम कृष्ण , सदर डीएसपी, सीतामढ़ी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.