छपरा से चले वाली ट्रेनन के रूट में बदलाव : प्रयागराज स्टेशन में काम के लेके रेलवे लेलस निर्णय, जनसंपर्क पदाधिकारी देलें जानकारी 

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2024

प्रयागराज जंक्शन में काम होखला के कारण रेलवे प्रशासन 28 अप्रिल से 21 जून तक कइयन गो गाड़ियन के रूट में बदलाव कइले बा। एह क्रम में छपरा से चले वाली ट्रेनन के रूट बदलल

Share

प्रतिकात्मक तस्वीर।

प्रयागराज जंक्शन में काम होखला के कारण रेलवे प्रशासन 28 अप्रिल से 21 जून तक कइयन गो गाड़ियन के रूट में बदलाव कइले बा। एह क्रम में छपरा से चले वाली ट्रेनन के रूट बदलल गइल बा। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत सब गाड़ियन के जानकारी देले बिया।

एह गाड़ियन के रूट में भइल बदलाव

  • छपरा से नौ मई से छव जून तक चले वाली गाड़ी संख्या 05193 छपरा-पनवेल विशेष गाड़ी अपना निर्धारित रूट औड़िहार-वाराणसी-प्रयाग-प्रयागराज-मानिकपुर के जगह परिवर्तित रूट औड़िहार- जौनपुर-वाराणसी-प्रयागराज-छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई। ई गाड़ी अस्थाई रूप से प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 22:22 बजे पहुंचके 22:24 बजे खुलल।
  • पनवेल से 10 मई से साथ जून तक चले वाली गाड़ी संख्या 05194 पनवेल-छपरा विशेष गाड़ी अपने निर्धारित रूट मानिकपुर-प्रयागराज-प्रयाग-वाराणसी-औड़िहार के जगह परिवर्तित रूट मानिकपुर-प्रयागराज-छिवकी-वाराणसी-जौनपुर-औड़िहार के रास्ते चलावल जाई। ई गाड़ी अस्थाई रूप से प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 01:45 बजे पहुंचके 02:05 बजे खुली।
  • गोंडिया से छव, 13 आ 20 मई के चले वाली गाड़ी संख्या 08795 गोंदिया-छपरा विशेष गाड़ी अपना निर्धारित रूट मानिकपुर-प्रयागराज-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी-औड़िहार के जगह परिवर्तित रूट मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी-जौनपुर-औड़िहार के रास्ते चलावल जाई। ई गाड़ी अस्थाई रूप से प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 11:50 बजे पहुंचके 12:05 बजे खुली।
  • छपरा से सात, 14 आ 21 मई के चले वाली गाड़ी संख्या 08796 छपरा-गोंदिया विशेष गाड़ी अपना निर्धारित रूट औड़िहार-वाराणसी-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज-मानिकपुर के जगे परिवर्तित रूट औड़िहार-जौनपुर-वाराणसी-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई। ई गाड़ी अस्थाई रूप से प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 03:38 बजे पहुंचके 03:40 बजे खुली।
  • गोरखपुर से 10 जून के चले वाली गाड़ी संख्या 01102 गोरखपुर-दादर विशेष गाड़ी अपना निर्धारित रूट के जगह औड़िहार-वाराणसी-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज-मानिकपुर के जगे परिवर्तित रूट औड़िहार-जौनपुर-वाराणसी-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई। ई गाड़ी अस्थाई रूप से प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 21:40 बजे पहुंचके 21:42 बजे खुली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.