चैंपियंस लीग: लियोनल मेसी लगातार 18वें सीजन में गोल क के रचलें इतिहास, रोनाल्डो के ई रिकॉर्ड भी तुड़लें

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 15, 2022

दुनिया के महानतम फुटबॉलर कहल जाए वाले अर्जेंटीना के लियोनल मेसी यूईएफए चैंपियंस लीग में एगो अउरी रिकॉर्ड अपने नाम कइलें बानें। उ बुध के फ्रांस के क्लब पेरिस सेंट जर्मेन के ओर से खेलत

Share

दुनिया के महानतम फुटबॉलर कहल जाए वाले अर्जेंटीना के लियोनल मेसी यूईएफए चैंपियंस लीग में एगो अउरी रिकॉर्ड अपने नाम कइलें बानें। उ बुध के फ्रांस के क्लब पेरिस सेंट जर्मेन के ओर से खेलत ग्रुप-एच में इस्राइल के क्लब मकाबी हाइफा के खिलाफ गोल कइलें पीएसजी एह मैच के 3-1 से अपने नाम कs लिहलस। ग्रुप दौर में एकर ई लगातार दूसरा जीत ह। पीएसजी पिछले मैच में इटली के क्लब युवेंटस के 2-1 से हरवले रहे।
एह मुकाबला में मेसी दू रिकॉर्ड बनवलें। ऊ चैंपियंस लीग इतिहास में लगातार 18 सीजन में गोल करे वाला पहिला फुटबॉलर बन गइलें। एकरे अलावा उ पुर्तगाल अउरी मैनचेस्टर यूनाइटेड के दिग्गज फुटबॉलर क्रिस्टियानो रोनाल्डो के एगो रिकॉर्ड भी तुरलें। मेसी चैंपियंस लीग में 39 अलग-अलग टीम के खिलाफ गोल करे वाला खिलाड़ी बन गइल बानें। रोनाल्डो 38 टीम के खिलाफ गोल दगलें रहनें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.