चैत्र नवरात्रि स्पेशल: आजु जानीं लेहड़ा देवी मंदिर के बारे में !

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 12, 2024

आजु खबर भोजपुरी नवरात्रि स्पेशल में चैत्र नवरात्रि के चउथा दिने देवी लेहड़ा देवी मंदिर के बारे में जानीं. चैत्र नवरात्रि में लेहड़ा देवी मंदिर में श्रद्धालु के भारी भीड़ जुटेला। उत्तर प्रदेश के गोरखपुर

Share

आजु खबर भोजपुरी नवरात्रि स्पेशल में चैत्र नवरात्रि के चउथा दिने देवी लेहड़ा देवी मंदिर के बारे में जानीं. चैत्र नवरात्रि में लेहड़ा देवी मंदिर में श्रद्धालु के भारी भीड़ जुटेला।

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर प्रमंडल के महाराजगंज जिला में स्थित लेहड़ा देवी के प्रसिद्ध मंदिर भक्तन के आस्था के मुख्य केंद्र हs। ई मंदिर महाराजगंज के फरेंदा- बृजमनगंज रोड पs स्थित बा। ई मंदिर कई गो मान्यता खातिर परसिद्ध बा। मानल जाला कि महाभारत काल में जब पांडव लोग निर्वासन में रहे तब ई लोग इहाँ के घन जंगल में निवास करत रहले. इहाँ चैत्र नवरात्रि पs भक्तन के भारी भीड़ लागेला।

लेहड़ा देवी मंदिर के इतिहास

लेहड़ा देवी मंदिर के इतिहास काफी पुरान हs। लोककथा आ किंवदंतियन के मोताबिक पहिले मंदिर के चारो ओर घना जंगल रहे। माता के पीडी के स्थापना खुद जंगल में एगो सुरम्य झील के किनारे भईल रहे। कहल जाला कि महाभारत काल में पांडव लोग के वनवास एहिजा बितवले रहे। एह झील के किनारे युधिष्ठिर यक्ष के सवाल के जवाब देके अपना भाई लोग के जान बचा लेले रहले। एह मंदिर के स्थापना द्रौपदी के साथे पांडव लोग कइले रहे। चीनी यात्री ह्वेनसांग आपन यात्रा वृत्तांत में एह मंदिर के जिक्र कइले बाड़न।

24 घंटा जलेला अखंड ज्योति

मुख्य मंदिर के बगल में पौहारी बाबा के प्राचीन मठ बा। इहाँ शाश्वत लौ 24 घंटा जरत रहेला। नवरात्रि के दिन आ हर मंगल के लोग इहाँ से भभूत (राख) ले जाला। एकरा अलावे नारियल, चुनरी अवुरी लावा भी मंदिर से प्रसाद के रूप में घरे ले जाइल जाला।

लेहड़ा मंदिर कइसे पहुंचल जाव

आनंदनगर रेलवे स्टेशन से फरेंदा बृजमनगंज रोड पs स्थित एह मंदिर में पहुंचे खातिर रेल आ सड़क के सुविधा बा। रेल से लेहड़ा रेलवे स्टेशन से मंदिर के दूरी लगभग तीन किलोमीटर बा। आनंदनगर से लगभग आठ किलोमीटर दूर बा। सड़क से पहुंचे खातिर आनंदनगर (फरेंदा) शहर के दिवानी कछरी में स्थित टैक्सी स्टैंड से जीप, ऑटो अवुरी बस के सुविधा उपलब्ध बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.