[the_ad_group id="30365"]

12 मई के होई सर्विकल केंसर स्क्रीनिंग आ एचपीवी वैक्सीनेशन कैंप के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: आवे आला 12 मई के मदर्स डे आ इंटरनेशनल नर्स डे के उपलक्ष्य में सिनर्जी केंसर इंस्टीट्यूट, वी एस फाउन्डेशन, विमेंस स्टडीज सेन्टर डीडीयू गोरखपुर आउर इनरव्हील रेनबो के संयुक्त तत्वावधान में सर्विकल केंसर स्क्रीनिंग आ एचपीवी वैक्सीनेशन कैंप के आयोजन कइल जा रहल बा।

डॉक्टर अंजली जैन के तरफ से “मदर्स डे” पर सब “माँ” आ भविष्य में बने वाली “भावी माँ” के जिनगी के सुरक्षित करे के एह कोसिस में रउआ सब महिला लोगन के निमंत्रित कइल गइल बा।

बता दीं कि पैप स्मीयर टेस्ट जवना के बाजार मूल्य 750 रुपिया बा ओकरा के मात्र 250 रुपिया में करावल जा सकत बा। संगही (9 साल से 26 साल ) तक के बेटियन के वेक्सीन लगवा के कैंसर से सुरक्षित करे आ अनमोल जिनगी के सुरक्षित बनावे के ई एगो बढ़िया मवका बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]