[the_ad_group id="30365"]

Google Chrome करेनीं इस्तेमाल तs तुरंते करीं अपडेट, सरकार जारी कइलस अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउरा मोबाइल, लैपटॉप भा डेस्कटॉप पs गूगल क्रोम के इस्तेमाल करीलें तs ई खबर रउरा खातिर काम आवे वाला बा। अगर रउरा ऑनलाइन काम करीलें तs रउरा अब सतर्क रहे के जरूरत बा। एकरा बारे में सरकार खुद अलर्ट जारी कs देले बिया। सरकारी सुरक्षा एजेंसी सीईआरटी-इन गूगल क्रोम ओएस के इस्तेमाल करे वालन के चेतावनी जारी कइले बिया। अगर रउरो क्रोम के इस्तेमाल करतानी तs सावधान रहीं।

दरअसल, कंप्यूटर इमरजेंसी रिस्पांस टीम के ओर से क्रोम ब्राउज़र के लेके अलर्ट जारी कईल गईल बा। एजेंसी के एह सर्च इंजन के एगो संस्करण में कुछ खामी मिलल बा। इs ब्राउज़र के अयीसन कमी बा जवन कि उपयोगकर्ता के निजी डेटा अवुरी निजता पs बहुत खतरा पैदा कs सकता। आईं हमनी के एह सरकारी चेतावनी के बारे में विस्तार से बताईं जा।

सीईआरटी-इन कहले बा कि स्मार्टफोन चाहे लैपटॉप के इस्तेमाल करेवाला के तुरंत अपना ब्राउज़र के 114.0.5735.350 चाहे ओकरा से नाया संस्करण पs अपडेट करे के चाही। सीईआरटी-इन के मुताबिक, घोटालाबाज चाहे हैकर एs कमी के फायदा उठा के आपके निजी डेटा चोरा सकतारे। अगर रउरा आपन डेटा सुरक्षित राखल चाहत बानी तs ओकरा के तुरते अपडेट करीं। खाली डाटा चोरी ना बलुक हैकर रउरा सिस्टम में गलत कोड भी डाल सकेलें।

एह तरह से गूगल क्रोम के अपडेट करीं

•अपडेट करे खातिर सबसे पहिले अपना फोन चाहे लैपटॉप पs गूगल क्रोम खोली।

•अब स्क्रीन के ऊपर दाहिना कोना में तीनों बिंदु पs क्लिक करीं।

•अब एगो छोट विंडो खुली जवना में आपके मदद के विकल्प मिली, ओकरा में गूगल क्रोम के चयन करीं।

•अगिला स्टेप में रउआ इहाँ उपलब्ध लेटेस्ट अपडेट भा अपडेट अवेलवल देखब। एकरा के इंस्टॉल करीं।

•इंस्टॉलेशन के बाद आपके क्रोम ब्राउज़र अपने आप अपडेट हो जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]