[the_ad_group id="30365"]

केंद्र NTA डायरेक्टर सुबोध कुमार के हटवलस : प्रदीप सिंह खरोला नया DG होइहें; NEET-UG परीक्षा के जांच करी CBI

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

NEET-UG एग्जाम विवाद के बीच केंद्र सरकार सनीचर के रात 9 बजे NTA (नेशनल टेस्टिंग एजेंसी) के डायरेक्टर जनरल सुबोध कुमार सिंह के हटा देलस। प्रदीप सिंह खरोला के नया डीजी नियुक्त कइल गइल बा।

खरोला कर्नाटक कैडर के 1985 बैच के रिटायर्ड आईएएस अधिकारी हवे। खरोला इंडियन ट्रेड प्रोमोशन ऑर्गनाइजेशन के CMD बाड़ें। उनका के एक मई 2024 के स्टाफ सिलेक्शन कमीशन (SSC) के चेयरमैन के अतिरिक्त प्रभार सउपल गइल रहे।

दूसरका ओर, केंद्र NEET-UG एग्जाम में कथित अनियमिततन के ममिलन के जांच CBI के सउप देले बा। शिक्षा मंत्रालय सनीचर देर रात एकर घोषणा कइलस।

23 जून माने आज होखे वाली NEET- PG परीक्षा स्थगित कs दिहल गइल बा। नया तारीख के ऐलान बाद में कइल जाई। एकरा के नेशनल बोर्ड ऑफ एजुकेशन इन मेडिकल साइंसेज (NBEMS) करावेला। 300 शहरन के 1000 से जादे सेंटर पs ई एग्जाम होखे के रहे।

NTA में सुधार खातिर सात सदस्यीय कमेटी के ऐलान

एकरा पहिले दुपहरिया में शिक्षा मंत्रालय NTA के परीक्षा में गड़बड़ियन के रोके आ पारदर्शिता ले आवे खातिर सात सदस्यीय हाई लेवल कमेटी के ऐलान कइले रहे। ISRO के पूर्व चेयरमैन आ IIT कानपुर के पूर्व डायरेक्‍टर के. राधाकृष्‍णन हाई लेवल कमेटी के चीफ होइहें। ई कमेटी दु महीना में शिक्षा मंत्रालय के रिपोर्ट सउपी।

शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान 20 जून के प्रेस कॉन्‍फ्रेंस में कहले रहस कि ई कमेटी NTA के स्‍ट्रक्‍चर, फंक्‍शनिंग, एग्‍जाम प्रोसेस, ट्रांसपेरेंसी, ट्रांसफर आ डेटा, सिक्‍योरिटी प्रोटोकॉल के आउर इम्प्रूव करे खातिर शिक्षा मंत्रालय के सुझाव दी।

सात साल पहिले बनल रहे नेशनल टेस्टिंग एजेंसी

2017 में वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण अपना बजट भाषण में NTA के गठन के घोषणा कइले रहे। एकर काम बा देस के उच्च शिक्षण संस्थानन में एडमिशन आ स्कॉलरशिप खातिर क्वालिटी टेस्टिंग सर्विस देहल माने एग्जाम करावल।

NTA ने 9 दिन में 3 एग्जाम कैंसिल कइलस

NTA सुक के सांझ 8:30 बजे CSIR UGC NET परीक्षा स्थगित कs देले रहे। ई एग्जाम 25-27 जून के बीच होखे के रहे। परीक्षा स्थगित करे के वजह रिसोर्सेस के कमी बतावल गइल बा। NTA कहलस कि एह परीक्षा के नया टाइम टेबल जल्दिये आधिकारिक वेबसाइट csirnet.nta.ac.in पs अपलोड कइल जाई।

दु दिन पहिले 19 जून के गड़बड़ियन के आशंका के बाद NTA UGC NET परीक्षा रद्द कइले रहे। एकरा पहिले 12 जून के NCET के परीक्षा रद्द कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]