होली के त्योहार पs विवादित कमेंट कs मुश्किल में फंसली फराह खान, पुलिस थाने में दर्ज भइल FIR

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2025

बॉलीवुड फिल्म निर्माता आ संगीतकार फराह खान आजुकाल्हु खाना बनावे के शो, सेलिब्रिटी मास्टर शेफ के होस्टिंग करत बाड़ी. शो के दौरान उs हिन्दू त्योहार होली के लेके बहुत टिप्पणी कईली, जवना के बाद उनुका

Share

विवादित कमेंट कs मुश्किल में फंसली फराह खान

बॉलीवुड फिल्म निर्माता आ संगीतकार फराह खान आजुकाल्हु खाना बनावे के शो, सेलिब्रिटी मास्टर शेफ के होस्टिंग करत बाड़ी. शो के दौरान उs हिन्दू त्योहार होली के लेके बहुत टिप्पणी कईली, जवना के बाद उनुका के ट्रोल कs दिहल गईल। फराह खान के खिलाफ धार्मिक भावना के चोट पहुंचावे के आरोप लगावत पुलिस शिकायत भी दर्ज कइले बा।

फराह खान के खिलाफ मुकदमा दर्ज
हिंदुस्तानी भाऊ के नाम से मशहूर विकास फाटक अपना वकील एडवोकेट अली काशिफ खान देशमुख के माध्यम से फराह खान के खिलाफ शिकायत दर्ज करवले बाड़े। ताजा खबर के मुताबिक, आज खार पुलिस स्टेशन में शिकायत दर्ज करावल गईल, जवना में फराह के खिलाफ कानूनी कार्रवाई के निहोरा कईल गईल बा, जवन कि 20 फरवरी के सेलिब्रिटी मास्टरशेफ के एगो एपिसोड के दौरान कईल गईल विवादित टिप्पणी के चलते भईल बा। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

इs आरोप फराह खान पs लगावल गईल बा


आईएएनएस में जारी एगो रिपोर्ट के मुताबिक विकास फाटक अपना शिकायत में आरोप लगवले कि फराह खान होली के “छापरियों के लिए एक त्योहार” बतवले बाड़ी, जवना के बहुत लोग अपमानजनक मानतारे। हिंदुस्तानी भाऊ आगे कहले कि उनुका टिप्पणी से उनुका निजी धार्मिक भावना के संगे व्यापक हिन्दू समुदाय के भावना के भी चोट पहुंचल बा।

अधिवक्ता देशमुख कहले कि, हमार मुवक्किल कहतारे कि फराह खान के इs टिप्पणी हिन्दू के धार्मिक भावना के अपमान कईले बा। कवनो पवित्र परब के बखान करे खातिर ‘छपरी’ शब्द के प्रयोग बहुत अनुचित बा अवुरी एकरा से सांप्रदायिक तनाव पैदा होखे के संभावना बा।” फराह खान के खिलाफ कई धारा में शिकायत दर्ज करावल गईल बा। भारतीय दंड संहिता के धारा 196, 299, 302 अवुरी 353 के तहत उनुका खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.