[the_ad_group id="30365"]

लैंड फॉर जॉब स्कैम: का ह ई घोटाला? जेमें अझुराइल बा लालू परिवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लैंड फॉर जॉब स्कैम मामला में आज फिर सीबीआई के बिहार में कारवाही चल रहल बा। राजद एमएलसी अउर लालू यादव के करीबी सुनील कुमार सिंह के आवास पर सीबीआई छापा मरले बा। बता देई, सुनील कुमार सिंह बिस्कोमान के अध्यक्ष भी बानें। एसे पहिले राजद के पूर्व विधायक भोला यादव के सीबीआई गिरफ्तार क चुकल बा।

आखिर, लैंड फॉर जॉब स्कैम का हवें। एहमें राबड़ी अउरी मीसा भारती के का भूमिका बतावल जा रहल बा? लालू पर अब ले के कवन कवन आरोप लग चुकल बा। कौने आरोप में अब ले कवन कवन कारवाही भइल? कौने मामला में लालू दोषी करार दीहल गइल बानें।

लैंड फॉर जॉब स्कैम का हवें? 

लालू यादव
2004 से 2009 के बीच लालू प्रसाद यादव यूपीए सरकार में रेल मंत्री रहलें। आरोप बा कि लालू के रेल मंत्री रहत में रेलवे भर्ती में घोटाला भइल। कहल जा रहल बा कि नौकरी लगववलें के बदले में आवेदकन से जमीन अउरी प्लॉट लिहल गइल रहे। सीबीआई एह मामला में जांच के बाद लालू प्रसाद यादव अउरी उनकर बेटी मीसा भारती के खिलाफ मामला दर्ज कइलस। आरोप बा कि जौन जमीन लेहल गइल, ऊ राबड़ी देवी अउर मीसा भारती के नाम पर भी लेहल गइल रहे।
रेल भर्ती से जुडल एगो अउरी घोटाला के आरोप यूपीए सरकार में रेल मंत्री रहल पवन बंसल के भांजा विजय सिंगला पर लागल बा। एह मामला में भी सीबीआई विजय सिंगला समेत 10 के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइलें बा। एह मामला में विजय सिंगला पर मनी लॉन्ड्रिंग के भी आरोप बा
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]