Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चांदबारवा गांव के अर्धनिर्मित मकान से नगदी सहित कपड़ा आ गहना के चोरी

328

सारण | धर्मेन्द्र कुमार सिंह :- मशरक थाना क्षेत्र के दुरगौली पंचायत के चादबरवा गांव में अर्धनिर्मित मकान मे अज्ञात चोरन द्वारा चोरी करे के ममिला सोझा आइल बा। पीड़ित चान्दबरवा गांव निवासी दिनेश बैठा पिता मोगल बैठा हवे। ममिला में बतावल गइल कि अर्धनिर्मित मकान होखला के बादो बरखा के चलते एह मकान मे परिवार के लोग रहत रहे।

काल्ह ग्रील बनावे ग्राहक से बीस हजार एडवांस रुपिया लेले रहस। जवन रात में अज्ञात चोरन द्बारा चोरा लिहल गइल। चोरी भइल एगो अटैची बड़वाघाट बाजार पs आ एगो घर के पीछे तुड़के फेकल मिलल। जेमे एक थान सोना के गहना, चांदी के पायल ,कपड़ा समेत बीस हजार रुपिया नगदी रह। घटना के सूचना मशरक थाना के दे दिहल गइल बा। पुलिस ममिला के जाँच कर रहल बिया।

339340cookie-checkचांदबारवा गांव के अर्धनिर्मित मकान से नगदी सहित कपड़ा आ गहना के चोरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.