[the_ad_group id="30365"]

चांदबारवा गांव के अर्धनिर्मित मकान से नगदी सहित कपड़ा आ गहना के चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण | धर्मेन्द्र कुमार सिंह :- मशरक थाना क्षेत्र के दुरगौली पंचायत के चादबरवा गांव में अर्धनिर्मित मकान मे अज्ञात चोरन द्वारा चोरी करे के ममिला सोझा आइल बा। पीड़ित चान्दबरवा गांव निवासी दिनेश बैठा पिता मोगल बैठा हवे। ममिला में बतावल गइल कि अर्धनिर्मित मकान होखला के बादो बरखा के चलते एह मकान मे परिवार के लोग रहत रहे।

काल्ह ग्रील बनावे ग्राहक से बीस हजार एडवांस रुपिया लेले रहस। जवन रात में अज्ञात चोरन द्बारा चोरा लिहल गइल। चोरी भइल एगो अटैची बड़वाघाट बाजार पs आ एगो घर के पीछे तुड़के फेकल मिलल। जेमे एक थान सोना के गहना, चांदी के पायल ,कपड़ा समेत बीस हजार रुपिया नगदी रह। घटना के सूचना मशरक थाना के दे दिहल गइल बा। पुलिस ममिला के जाँच कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]