महिला सरपंच के बेटा गर्लफ्रेंड के कैंची से कटलस बाल, मारपीट कs कइलस निर्वस्त्र; जानी पूरा माजरा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2023

  गुजरात के तापी जिला में एगो महिला सरपंच के खिलाफ आपन बेटा के दोस्त के संगे मारपीट अवुरी निर्वस्त्र करे के मामिला दर्ज भईल बा। एगो पुलिस अधिकारी शुक के इs जानकारी देले। पुलिस

Share

 

गुजरात के तापी जिला में एगो महिला सरपंच के खिलाफ आपन बेटा के दोस्त के संगे मारपीट अवुरी निर्वस्त्र करे के मामिला दर्ज भईल बा। एगो पुलिस अधिकारी शुक के इs जानकारी देले। पुलिस अधिकारी के मुताबिक सरपंच के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी में उनुका पति अवुरी दु लोग के भी आरोपी बनावल गईल बा, लेकिन अबे ले ए मामिला में केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल।

महिला सरपंच लईकी के संगे बेटा के रिश्ता के खिलाफ रहली

चौहान बतवले कि व्यारा तालुका के बोरखड़ी गांव के सरपंच सुनीता चौधरी आपन बेटा के 26 साल के लईकी के संगे संबंध के खिलाफ रहली। चौहान के मुताबिक शिकायतकर्ता तलाकशुदा के एक साल पहिले सुनीता के अविवाहित बेटा से प्यार हो गईल रहे अवुरी हालही में दुनो लोग व्यारा शहर के एगो किराया के मकान में एक संगे रहल शुरू कs देले रहले। बियफ़ें के सांझ के सुनीता, उनुकर पति अजीत अवुरी दु लोग कपुरा गांव में दुनो लोग से मिल के उनुका संगे चले के कहले। रास्ता में अपना बेटा के एगो जगह पs छोड़ला के बाद पीड़िता के खुशालपुरा गांव के नजदीक एकांत जगह पs ले गईले अवुरी ओकरा के फंसावे खाती बदसलूकी कईले।

बाल कैंची से कटले, लात मरले

बतावल जाता कि महिला सरपंच लईकी के लाठी से पीटलस, जबकि बाकी तीन लोग ओकरा के नीचे धईले। एकरा बाद सुनीता भी पीड़िता के बाल कैंची से काट देली, जबकि उनुकर पति लईकी के लात मारत रहे। ओकरा बाद सुनीता ओकरा के निर्वस्त्र कs के चेतवली कि अगर सुनीता के बेटा के संगे फेर देखाई दिही तs उ ओकरा के मार दिही। निरीक्षक चौहान कहले कि, ‘हमनी चौधरी अवुरी उनुका पति समेत तीन लोग के खिलाफ मारपीट अवुरी आपराधिक धमकी देवे के मामिला में प्राथमिकी दर्ज करवले बानी। अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.