[the_ad_group id="30365"]

दहेज हत्या के आरोप में पति समेत चार लोग पर दर्ज भइल केस, पिछिला साल मार्च में महिला के भइल रहे बियाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कसया थाना क्षेत्र के बैजनाथपुर गांव के बाबू टोला में शनिचर के एगो विवाहिता के संदिग्ध परिस्थितियों में मौत हो गइल रहे। एह मामला में मृतका के पिता के तहरीर पर पुलिस ओकरे पति, ससुर अउरी दू अन्य लोग सहित चार लोग के खिलाफ दहेज हत्या के केस दर्ज कs के कारवाही शुरू कs देहल गइल।
रामकोला थाना क्षेत्र के लौकरिया सिंह गांव निवासी रामदरश के बेटी पूजा के शादी, कसया थाना क्षेत्र के गांव बैजनाथपुर के बाबू टोला निवासी रमाशंकर के बड़ बेटा सत्येंद्र कुमार से 18 मार्च 2021 के भइल रहे।
पिता पुलिस के दीहल तहरीर में आरोप लगवले बानें कि उनके बेटी के शादी के बाद से ही ससुराल में ससुराली दहेज खातिर प्रताड़ित कइल जात रहे। एह संबंध में सीओ पीयूष कांत राय बतवलें कि पोस्टमार्टम के बाद शव के उनका मायके वालन के सौंप दिहल गइल बा। आवश्यक कार्रवाही चल रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]