[the_ad_group id="30365"]

स्कूल बस में तोड़फोड़ मामिला में 11 लइकन पs केस, दू छात्रन के बीच भइल रहे मारपीट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गगहा इलाका के कौड़ीराम में स्कूल बस में सोमार के तोड़फोड़ अउर चालक-खलासी से मारपीट मामिला में पुलिस केस दर्ज कs लिहलस। पुलिस स्कूल प्रबंधक रजनीश मिश्रा के तहरीर पs पांच नामजद छात्र अउर छह अज्ञात पs मारपीट, तोड़फोड़ के धारा में केस दर्ज कs लिहलें।

जानकारी के मुताबिक, मिश्रौली कौड़ीराम में स्थित एक स्कूल में सोमार के दू छात्रन के बीच मारपीट भइल रहे। शिक्षकन के समझे के बाद मामिला शांत हो गइल बा। साँझ के छुट्टी के बाद मारपीट करे वाला एगो छात्र अपने कई साथियन के संगे मिलकर कौड़ीराम में गजपुर मोड़ के पास छात्र से भरल बस रुकवा दिहलें।

बस में घुस के कई छात्रन के पिटाई कइले के सथही बस में तोड़फोड़ कइले रहल। घटना के बाद घटना स्थल अउर छात्रन में भय के माहौल बन गइल बा। प्रबंधक रजनीश मिश्र के तहरीर पs गगहा पुलिस केस दर्ज कs के जांच कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]