Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nexon से जादा पावर, ५ नाहीं ७ लोगन के बइठले के जगह, ३० Kmpl के माइलेज, कीमत ८ लाख, एह ह बेस्ट फैमिली कार

भारत के सबसे बढ़िया बजट 7 सीटर कार : सभके 7 सीटर के फैमिली कार के रूप में खरीदल पसंद बा लेकिन कबो-कबो कम बजट के चलते उ लोग हैचबैक चाहे कॉम्पैक्ट एसयूवी से कॉम्प्रोमाइज कs लेवेले। लेकिन अब बाजार में अयीसन एमपीवी बा जवन कि कम बजट में बेहतरीन माइलेज के संगे आवेला।

255

 

सबके सपना बा कि अपना परिवार खातिर एगो अयीसन गाड़ी खरीदल जाए जवन कि ना सिर्फ आरामदायक होखे बालुक अयीसन भी होखे कि सभ सदस्य एक संगे यात्रा कs सके। एकरा संगे ए गाड़ी में फीचर भी निमन होखे के चाही। जब अयीसन गाड़ी के बात होखे तs सबसे पहिले लोग के दिमाग में 7 सीटर के बात आवेला। इ सही बा कि एगो परिवार खातीर 7 सीटर गाड़ी से निमन कुछूओ नईखे हो सकत। काहे कि एहमें सभे सदस्य एक संगे बइठ के यात्रा कs सकेलें। अब जब भी हमनी के एमपीवी यानी 7 सीटर कार के बात करेनी जा तs एकर दाम बहुत बड़ समस्या बन जाला। काहे कि 7 सीटर कार के दाम जादा बा आ ओकर माइलेज भी कम बा जवना के वजह से केहू के बर्दाश्त नईखे हो सकत। एकरा संगे एकर रखरखाव भी जादा बा। अयीसना में मध्यम वर्गीय परिवार खातीर अयीसन कार खरीदल मुश्किल हो जाला अवुरी ओकरा बाद हैचबैक चाहे कॉम्पैक्ट एसयूवी पs समझौता हो जाला।

अब जब कॉम्पैक्ट एसयूवी के बात होखे तs लोग के ध्यान टाटा नेक्सन के ओर जाला। इ गाड़ी भी बहुत बढ़िया बा लेकिन 5 सीटर होखला के नाते इ एगो बड़ परिवार खातीर तनी कमतर लागता। लेकिन अब हमनी के बता दीं कि एगो अयीसन कार मौजूद बा जवन कि नेक्सन से जादे पावरफुल बा, फीचर में मुकाबला करेले, एकर दाम भी लगभग बराबर बा, अवुरी सबसे जरूरी बात इ बा कि इ 7 सीटर एमपीवी बा। अगर गाड़ी के माइलेज के बात कईल जाए त नेक्सन के माइलेज भी एकरा से बहुत कम बा। अब रउरा सोचत होखब कि कवन कार बा जवन टाटा के बेस्ट सेलिंग नेक्सन से भी आगे निकल सकेले। जान लीं कि इ कार देश के सबसे बड़ ऑटोमोबाइल कंपनी के बनावल ह अवुरी इ लगातार बेस्ट सेलिंग कार के सूची में आपन जगह बनावत आईल बिया।

इहाँ हमनी के बात करत बानी जा मारुति सुजुकी एर्टिगा के एर्टिगा देश के सबसे जादा बिकने वाली 7 सीटर कार ह। इ गाड़ी बेहतरीन इंजन अवरू माइलेज के संगे आईल बा। कंपनी इ कार सीएनजी वेरिएंट में भी पेश करेले। आईं हमनी के बतावत बानी जा कि एकरा में का खास बा अवुरी काहें इs गाड़ी लोग के पसंद बनल बा।

ढेर पावर के साथे बेहतरीन माइलेज 

कंपनी ए कार में 1.5 लीटर के ड्यूलजेट पेट्रोल इंजन देवेले। एकरा में हल्का हाइब्रिड तकनीक दिहल गईल बा। इ इंजन 103 बीएचपी के पावर पैदा करेला। एकर टॉर्क 136.8 एनएम बा। गाड़ी के पावर सीएनजी पs भी कम नईखे। सीएनजी पs इ कार 88 बीएचपी अवरू 121 एनएम के टॉर्क पैदा करेले। संगही, गाड़ी में मैनुअल अवरू ऑटोमैटिक ट्रांसमिशन के विकल्प भी मिलेला। बात करीं नेक्सन के तs एकरा में 1.2 लीटर के इंजन दिहल गईल बा। अब अगर एर्टिगा के माइलेज के बात कईल जाए त इ पेट्रोल पs 24 किमी प्रति लीटर अवुरी सीएनजी पs 30 किमी प्रति लीटर तक के माइलेज देवेला।

अर्टिगा के दाम के बात कईल जाए तs एकर बेस वेरिएंट एक्स शोरूम 8.64 लाख रुपिया में उपलब्ध बा। ए कार के टॉप वेरिएंट एक्स शोरूम प्राइस 13.08 लाख रुपिया में उपलब्ध बा।

फीचर्स शानदार

कार में रउरा 7-इंच स्मार्टप्ले प्रो टचस्क्रीन इंफोटेनमेंट सिस्टम, एंड्रॉइड ऑटो और एप्पल कारप्ले सपोर्ट, कनेक्टेड कार टेक्नोलॉजी (टेलीमेटिक्स), क्रूज कंट्रोल, ऑटो हेडलैंप्स, क्लाइमेट कंट्रोल एसी, पैडल शिफ्टर्स, 4 एयरबैग्स, एबीएस के साथ ईबीडी, ब्रेक असिस्ट, रियर पार्किंग सेंसर्स, आईएसोफिक्स चाइल्ड सीट एंकरेज, ईएसपी के साथे हिल होल्ड कंट्रोल जइसन फीचर्स देखे के मिलत बा।

 

 

.

 

667380cookie-checkNexon से जादा पावर, ५ नाहीं ७ लोगन के बइठले के जगह, ३० Kmpl के माइलेज, कीमत ८ लाख, एह ह बेस्ट फैमिली कार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.