[the_ad_group id="30365"]

राजकीय जुबली इंटर कॉलेज में करियर मेला काल्ह

राजकीय जुबली इंटर कॉलेज में करियर मेला काल्ह
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। 11वीं आ 12वीं में पढ़ाई कर रहल नवहन के सोझा सबसे बड़ चुनौती करियर के आगे बढ़ावे खातिर मिले वाला उचित मार्गदर्शन के होला। अइसन में जदि ओकरा बेहतर मार्गदर्शन प्राप्त करे के अवसर मिल जाला, तs ई ओकरा खातिर बहुते लाभ देवे वाला बन जाला। राजकीय जुबली इंटर कॉलेज गोरखपुर में बियफे माने 05 दिसंबर के करियर के लेके विद्यार्थियन के उचित मार्गदर्शन प्रदान करे खातिर करियर मेला के आयोजन कइल जाई।

एह अवसर पर जिला विद्यालय निरीक्षक, डॉ. अमरकांत सिंह मुख्य अतिथि आ विशिष्ट अतिथि के रूप में प्रख्यात व्यंगकार, मोटिवेशनल स्पीकर आ भारतीय जीवन बीमा निगम में शीर्षस्थ विकास अधिकारी शैलेश मणि त्रिपाठी आपन अनुभन के साझा करी लो। एह दौरान छात्रन के मन में करियर के लेके चल रहल भटकाव के अपना मार्गदर्शन से दूर करे के कोसिस कइल जाई।

Read Also: कबड्डी: आर्मी रेड के हरा सेमीफाइनल में पहुंचल उत्तर प्रदेश, फाइनल में सीएम योगी रहिहें मौजूद

प्रधानाध्यापक डॉ. विश्व प्रकाश सिंह के ओर से जारी सूचना के अनुसार ई करियर मेला राजकीय जुबली इंटर कॉलेज गोरखपुर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति सभागार में आयोजित हो गई। विद्यार्थियों आ अभिवाक एह मवका के लाभ उठा सकत बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]