[the_ad_group id="30365"]

नया ग्रह पs कार्बनडाईऑक्साइड के खोज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नया ग्रह पs कार्बनडाईऑक्साइड के खोज

  • 700 प्रकाश वर्ष दुर एगो सितारा के परिक्रमा कर रहल बा एक्सोप्लैनेट।
  • 1.3 गुना बड़ व्यास बा बृहस्पति से बाकिर द्रव्यमान एक चौथाई

अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी ‘नासा’ के सबसे शक्तिशाली जेम्स वेब स्पेस टेलिस्कोप इगो आउर तस्वीर खींच के वैज्ञानिकन के चउका देले बा। टेलिस्कोप पहिला बेर सौरमंडल के बाहर एगो ग्रह के वातावरण में कार्बनडाईऑक्साइड के निशान खोजले बा।

बता दीं कि ई कार्बनडाईऑक्साइड गैस एक्सोप्लैनेट पsG खोजल गइल बा। ओइसे, एक्सोप्लैनेट पs जिनगी के निशान नइखे मिलल, बाकिर कार्बनडाईऑक्साइड के सफल खोज से शोधकर्ता लोगन के उम्मेद बा कि एह तरे के खोज ओह चट्टानी खगोलीय पिंडन पs कइल जा सकेला, जहां जिनगी के अधिका उम्मेद बा।

नेचर जर्नल में प्रकाशित होई शोध

यूनिवर्सिटी ऑफ कैलिफोर्निया के प्रोफेसर नताली बटाला अपना ट्वीट में कहले, ‘हमनी के आउर ग्रहण के पता लगावल जा सकत बा।’ एक्सोप्लैनेट डब्ल्यूएएसपी-39 एगो गरम गैस के विशालकाय ग्रह हs, जवन धरती से 700 प्रकाश वर्ष दूर एगो सितारा के परिक्रमा कर रहल बा। आवे आला समय मे ई शोध ‘नेचर जर्नल’ में प्रकाशित होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]