[the_ad_group id="30365"]

गुगल मैप के कारण भटक गइल रास्ता : शराब तस्कर समझ पुलिस कार सवार के कइलस पीछा, भागे के दौरान अनियंत्रित होके सड़क किनारे पलटल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के रामपुर माधो गांव के लगे मंगर के देर रात एगो अनियंत्रित कार सड़क किनारे गहिराह खाई में पलट गइल। एह हादसा में कार सवार चार लोग बुरा तरे जख्मी हो गइल, जेकरा के तत्काल इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां एगो जुवक के इस्थिति गंभीर बनल बा।

जख्मियन में हरियाणा के फरीदाबाद सेक्टर 88 निवासी स्व. हर प्रसाद भाटी के बेटा संदीप सिंह भाटी, सेक्टर सात निवासी स्वर्गीय जयप्रकाश के बेटा लोकेश राघव आ सतपाल रावत के बेटा रजत रावत आउर सेक्टर आठ निवासी देवलाल के बेटा अरुण तेवतिया सामिल बा लो।

आज के एह डिजिटल जुग में हर केहू गुगल मैप के उपयोग कs के संबंधित स्थान तक पहुंच जाला। बाकिर कबो-कबो गुगल मैप रउआ के धोखा में डाल सकत बा। कुछ एही तरे के घटना कार सवार चार जुवकन के संगे भइल बा।

एह ममिला में जख्मी कार सवार जुवक बतवलस कि कार पs सवार होके हमनी सभे अपना दोस्त अंशु सिंह के बियाह में सामिल होखे दरभंगा गइल रहे लो। वापस लवटला के दौरान गुगल मैप लगाके एनएच 27 से होके जात रहे लो। एही बीच मैप के बतावल गइल रास्ता के अनुसार हमनी लोग आराम से जात रहनी सs।

जख्मी बतवलें कि जइसही कुचायकोट थाना क्षेत्र के रामपुर माधव गांव के पांच किलोमीटर पहिले पहुंचल रहे लो, तबे एगो बोलेरो सवार चार से पांच लोग पहुंच गइल जवना से हमनी लोग अपना कार के रफ्तार कम कs दिहल लो। एही बीच बोलेरो सवार टॉर्च जराके जांच कइल आ चेहरा पs टॉर्च जराके देखे लागल लो। एसे हमनी लोगन के शक भइल कि ई लोग कवनो असामाजिक तत्व हs।

एही बीच हमनी लोग गाड़ी के रफ्तार तेज कs के भागे लगनी सs। बाकिर कार अनियंत्रित होके सीधे सड़क किनारे गहिरा खाई में पलट गइल। एकरा बाद पहुंचल पुलिस चारो ओर से घेर लिहल आ हथियार तान दिहल। सब लोग अपना  हाथ के ऊपर कइल आ अपना बात के कहल। जवना के बाद पुलिस सब घायलन के कुचायकोट प्राथमिक स्वाथ्य केंद्र में भर्ती करावल जहां से डॉक्टर बेहतर इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल रेफर कs दिहल।

एह संदर्भ में कुचायकोट थाना अध्यक्ष सुनील कुमार बतवलें कि देर रात गुप्त सूचना मिलल कि कुछ शराब तस्कर शराब के तस्करी करे खातिर रामपुर माधव के रास्ते कहीं जात रहे लो। एही बीच प्राप्त सूचना के आधार पs कार के पीछा कइल गइल आ जांच कइल गइल। जवना से ऊ लोग भागे लागल आ भागे के दौरान उनकर पीछा कइल गइल तब ओह लोगन के कार सड़क किनारे पलट गइल। फिलहाल सब लोग स्वस्थ बा आ सब लोगन के इलाज करावल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]