[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-एनसीआर में लागू भइल ग्रैप-4, जानीं का-का रही बंद आ खुली

दिल्ली के मौसम के हाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के एयर क्वालिटी एक बेर फेर से खराब हो गईल बा, एकरा के देखत एयर क्वालिटी प्रबंधन आयोग (सीएक्यूएम) दिल्ली एनसीआर में ग्रैप-4 लागू कईले बा। अयीसना में अब राजधानी अवुरी ओकरा से सटल जिला में बहुत प्रकार के प्रतिबंध लागू हो गईल बा।अबे काल्ह ग्रैप-3 के पहिला बेर लागू कईल गईल रहे, बाकिर एयर क्वालिटी के बहुत खराब स्थिति के देखत केंद्रीय प्रदूषण विरोधी पैनल यानी सीएक्यूएम ग्रैप-4 के लागू कईलस।  अइसना में आम आदमी के एह से जुड़ल सगरी रोक-टोक के मालूम होखे के चाहीं ना तs ओकरा बहुते समस्या के सामना करे के पड़ सकेला.

दिन में एयर क्वालिटी 300 से ऊपर रहे जब सीएक्यूएम ग्रैप-3 लागू कईले रहे।  अइसे, ग्रेडेड रिस्पांस एक्शन प्लान (GRAP) के तीसरा चरण में कइल गइल उपाय सभ के “शांत हवा आ बहुत कम मिश्रण के ऊँचाई समेत बेहद बिपरीत मौसम बिज्ञान के स्थिति” के बाद लागू कइल गइल बा।  एकरा बाद दिल्ली में 24 घंटा के औसत एक्यूआई जवन सांझ 4 बजे 379 रहे, रात 10 बजे के करीब 400 के निशान पार कs गईल।  अइसना में सीएक्यूएम ग्रैप-4 के लागू कइलस।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पातर कमर खातीर करीं इs योगासन के अभ्यास, मिली हीरोइन जइसन Slim waist


का बंद रह सकेला आ का खुलल

*सरकार एनसीआर में कक्षा 6, 9 अवुरी 9 समेत बहुत कक्षा खातीर फिजिकल क्लास बंद कs सकता, मतलब कि सरकार के लगे अब स्कूल हाईब्रिड मोड में चलावे के विकल्प बा।

*अब दिल्ली में ट्रक के प्रवेश रोक दिहल गइल बा.

*दिल्ली में कंट्रक्शन, राजमार्ग, सड़क, फ्लाईओवर, ओवरब्रिज, बिजली पारेषण, पाइपलाइन, दूरसंचार आदि के निर्माण, तोड़े के काम बंद रही।

*राजमार्ग आ फ्लाईओवर जइसन सार्वजनिक परियोजना समेत सगरी निर्माण आ तोड़े के काम बंद रही.

*दिल्ली सरकार अब 50% क्षमता से सार्वजनिक, नगर निगम अवुरी निजी क्षेत्र के कार्यालय खुले के अनुमति दिही। संगही 50 प्रतिशत कर्मचारी के घर से काम करे के आदेश दिहल जाई।

*एयर क्वालिटी के स्थिति के देखत स्कूल, कॉलेज समेत नॉन-इमरजेंसी कॉमर्शियल एक्टिविटी बंद हो सकता।

*दिल्ली सरकार फेर से ऑड-इवन लागू कs सकेले.

*लइका, बुजुर्ग आ सांस, हार्ट, दिमाग से जुड़ल भा अउरी पुरान बेमारी से पीड़ित लोग के बाहरी गतिविधि से परहेज करे के चाहीं आ घर के भीतर रहे के चाहीं।

ग्रैप सिस्टम कब लागू होला?

दिल्ली एनसीआर में ग्रैप सिस्टम तब लागू होला जब राजधानी के एयर क्वालिटी खराब होखे लागेला।  अइसना में सीएक्यूएम दिल्ली एनसीआर में स्तर पs ग्रैप लागू करेला।   दिल्ली-एनसीआर खातिर जीआरएपी के एयर क्वालिटी के चार गो स्तर में बाँटल गइल बा – 201 से 300 के बीच एयर क्वालिटी  इडेंक्स (एक्यूआई) खातिर लेवल-1 “खराब”, एक्यूआई 301-400 खातिर लेवल-2 “बहुत खराब” -3 “गंभीर” एक्यूआई 401-450 खातिर आ लेवल-4 “गंभीर प्लस” एक्यूआई 401-450 खातिर  (450 से अधिका के खातिर)।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]